श्रीलंका के सियासत :1 सांसद वाली पार्टी के विक्रमसिंघे बनलें PM

By Anurag Ranjan

Published on: May 12, 2022

रानिल विक्रमसिंघे श्रीलंका के नया प्रधानमंत्री बन गइल बानें। राष्ट्रपति गोटबाया राजपक्षे गुरुवार के उनके यूनिटी गवर्नमेंट के प्रधानमंत्री के तौर पर पद अउर गोपनीयता के शपथ दियवले। ऊ पहिलहूँ पांच बेर प्रधानमंत्री रह चुकल

Share

रानिल विक्रमसिंघे श्रीलंका के नया प्रधानमंत्री बन गइल बानें। राष्ट्रपति गोटबाया राजपक्षे गुरुवार के उनके यूनिटी गवर्नमेंट के प्रधानमंत्री के तौर पर पद अउर गोपनीयता के शपथ दियवले। ऊ पहिलहूँ पांच बेर प्रधानमंत्री रह चुकल बानें। 73 साल के रानिल के देश के सबसे निम्मन पॉलिटिकल एडमिनिस्ट्रेटर अउर अमेरिका समर्थक मानल जाला।

पूर्व प्रधानमंत्री महिंदा राजपक्षे के देश छोड़ले पs लागल रोक

दुसरका ओर एगो अहम पॉलिटिकल डेपलपमेंट के तहत पूर्व PM महिंदा राजपक्षे अउर उनके 8 करीबी सहयोगियन के देश छोड़ले पर एगो अदालत रोक लगा देहले बा। बतावल गइल बा कि एह सब के पासपोर्ट जब्त कइल जा रहल बा। महिंदा राष्ट्रपति गोटबाया के भाई बानें अउर एह वक्त एगो नेवल बेस में लुकाइल बानें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.