Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

24

1. बिहार: नीतीश सरकार के खिलाफ हॉर्स ट्रेडिंग में ED के एंट्री: EOU के मिलल खरीद फरोख्त के सबूत; कुछ MLA एडवांस तक ले लेले रहे लो

2. बिहार: इंडो-नेपाल बार्डर से 75 ग्राम स्मैक के संगे  तस्कर भइल गिरफ्तार, नेपाल से अररिया ले जात रहे नेपाली-भारतीय करेंसी के साथ बाइक जब्त

3. उत्तर प्रदेश: मेरठ में पुलिस पs पथराव, 180 पs FIR 12 गिरफ्तार: बिना अनुमति जुलूस निकलल रहे जुलूस, गिरफ्तारी खातिर रातभर सक्रिय रहल पुलिस

4. उत्तर प्रदेश: बरेली विस्फोट में मरे वालन के संख्या 7 भइल : मुख्य आरोपी नासिर के भाभी फातिमा के दिल्ली में मौत, अभी तक 5 आरोपी जा चुकल बा लो जेल

5. झारखंड: ईडी के मैनेज करे खातिर 5.71 करोड़ रु. में भइल रहे डील, कांके-नामकुम के सीओ आ धनबाद डीटीओ भेजले रहे लो पईसा,जमीन कारोबारी संजीव कुमार पांडे पंडरा ओपी में वकील सुजीत कुमार के खिलाफ दर्ज करावल गइल प्राथमिकी में एह बात के कइले बाड़ें जिक्र।

एकरो के पढ़ीं: डीडीयू- छात्रसंघ बहाली के लेके कुलपति के आश्वासन के बाद अनशन खत्म, शासन के पत्र भेजी विश्विद्यालय

6. जम्मू-कश्मीर के 90 विधानसभा सीटन पs काउंटिंग सुरू: 5 एग्जिट पोल में NC-कांग्रेस, तs 5 में हंग असेंबली; 10 साल बाद बनी नया सरकार

7. हरियाणा के 90 सीटन पs मतगणना सुरू: एग्जिट पोल में कांग्रेस सरकार, ट्रेंड भाजपा के पक्ष में; CM सैनी बोलले- एकतरफा सरकार बनाएम सs

8. इजराइल लेबनान में 130 फाइटर जेट से हमला कइलस: हिजबुल्लाह के 120 ठिकानन के निशाना बनवलस, हिजबुल्लाह के ओर से 130 रॉकेट दागल गइल

9.चेन्नई में एयर शो में भगदड़ केस: खाली 7500 पुलिसकर्मी, 40 एंबुलेंस आ 2 स्वास्थ्य टीम के भरोसे रहे लो 15 लाख लोग, 5 के भइल रहे मौत

10. भारतीय जिम्नास्ट दीपा कर्माकर के खेल से संन्यास के एलान, रियो ओलंपिक में चउथा स्थान हासिल कs के कइले रहली प्रभावित

978810cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.