Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: जेपी के बहाने नीतीश के निशाना प भाजपा-संघ; CM मंच से सवाल कइले- बापू के मारे वाला के रहे, जवाब मिलल- RSS वाला। कहले- जे लोग जेपी के दिहल नाम के ना संभार सकल, ऊ जेपी के आदर्शन के लेके का चली।
  2. पूर्व कानून मंत्री कार्तिक सिंह प सुनवाई आज:  अपहरण केस में जमानत प फसीला आज; जारी हो सकत बा गैर जमानती वारंट। कानून से भागत फिर रहल बाड़ें पूर्व कानून मंत्री। हाईकोर्ट से खारिज हो चुकल बा एंटीसिपेटरी बेल पिटीशन।
  3. उत्तर प्रदेश: श्रावस्ती, बहराइच आ बलरामपुर में बढ़ल बाढ़ के त्रासदी, सीएम योगी आदित्यनाथ करिहें दौरा, राहत शिविरन में बटिहें सामग्री।
  4. उत्तर प्रदेश: मदरसन के जरिए यूपी में घुसपैठ के फिराक में आतंकी, खुफिया एजेंसियन के निगाह नेपाल सीमा प। अलकायदा इंडियन सब कॉन्टिनेंट आ जमात उल मुजाहिदीन बांग्लादेश कर रहल बा यूपी में आपन जड़ जमावे के कोसिस।
  5. झारखंड: हेमंत सरकार के आदेश से मचल हड़कंप.. 4000 घरन में एक संगे छापेमारी; डेढ़ करोड़ जुर्माना। बिजली चोरन के खिलाफ प्रशासन के कार्रवाई। 4000 से बेसी घरन में भइल जांच में 991 घरन में बिजली चोरी के ममिला आइल सोझा।
  6. ‘महाकाल लोक’ के लोकार्पण: PM कहले, शंकर के सानिध्य में साधारण कुछुओ ना। रक्षा सूत्र से बनावल गइल 15 फीट ऊंच शिवलिंग के प्रतिकृति से रिमोट के माध्यम से पीएम हटवले आवरण। गर्भ गृह में 3 मिनट तक पीएम के जप, ई-व्हीकल से 30 मिनट ले ‘महाकाल लोक’ में घूमले।
  7. मुलायम सिंह यादव के बेटा अखिलेश देले मुखाग्नि: राजनाथ-पवार-खड़गे समेत कइयन गो बड़ नेता पहुंचल लो। लाखन कार्यकर्ता लोगन के नारा ‘नेताजी अमर रहे’ से गुंजल सैफई। यूपी में 3 दिन के बा राजकीय शोक, बिहार में रहे एक दिन के राजकीय शोक। गुरुग्राम में सोमार के भइल रहे मुलायम सिंह यादव के निधन।
  8. शिंदे के मिलल ढाल के संगे दु गो तलवार के निशान: आदित्य ठाकरे बोलले- 40 गद्दार हमनी के पहचान छीने के कोसिस क रहल बा लो। उद्धव के सिंबल मशाल, तीर कमान बा फ्रीज।
  9. जवना फुटबॉलर के नाम प बन रहल बा सड़क, ओहिजा मां-बाप मजदूर, बेटी अष्टम बाड़ी अंडर-17 फुटबॉल विश्वकप में भारतीय टीम के कप्तान। झारखंड सरकार अष्टम के सम्मान में बनवा रहल बिया सड़क। बेटी के विश्वकप खेलत देखे खातिर जिला प्रशासन लगवले बिया टीवी।
  10. बारह बरिस बाद टीम इंडिया अपना धरती प साउथ अफ्रीका के वनडे सीरीज में हरवलस: 7 विकेट से मैच जीत सीरिज प 2-1 से कब्जा, कुलदीप के कहर में साउथ अफ्रीका मात्र 99 रन प भइल ढ़ेर।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-