Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
- बिहार: मूर्ति विसर्जन में पटाखा फोड़त-फोड़त आइल मौत, वीडियो वायरल; सीवान में समिति पटाखा फोड़े खातिर बोलवले रहे, अचानके हाथ में फाटल। हादसा के लाइव तस्वीर सोझा आइल, इंटरनल ब्लीडिंग के वजह से भइल मौत। मृतक के 4 गो बेटी आ 3 गो बेटा।
- बिहार: आरजेडी के बिहार प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के इस्तीफा प सस्पेंस!; बेटा सुधाकर के इस्तीफा के बलिदान बताके जता चुकल बाड़े नाराजगी। जगदानंद सिंह बतवले बाड़े इस्तीफा के बात के बेकार बात।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी आदित्यनाथ के ऐलान – प्रयागराज में खेल सुविधा बढ़ावे प एक अरब रूपिया खरच कइल जाई। कहले- सुविधा बढ़ला से अब प्रयागराज के खेल के दुनिया में चरचा होखे लागल बा।
- उत्तर प्रदेश: भारतीय कंपनी के कफ सिरप प प्रतिबंध के बाद यूपी में अलर्ट; डिप्टी सीएम ब्रजेश पाठक देले सख्त निरदेस। दक्षिण अफ्रीकी देश गाम्बिया में लईकन के मौत के बाद मैडेन फार्मा कंपनी के 4 कप सिरप प लागल बा प्रतिबंध।
- झारखंड: झारखंड के सरकारी कर्मचारियन खातिर बड़ खुशखबरी, बढ़ी 4 प्रतिशत DA, कैबिनेट के लगे भेजल गइल प्रस्ताव। 500 से 9500 तक होई तनखाह में वृद्धि।
- बस में आग लगला से 11 लोग जिंदा जरल , 38 जख्मी:बस यवतमाल से मुंबई जात रहे, ज्यादातर लोग खिड़की से कूदके जान बचावल। मात्र 20 मिनट में जर के राख हो गइल बस। दुर्घटना सबरे 4:30 भइल। बस में 45 से 50 लोग सवार रहे।
- दिवाली से पहिले महंगा भइल सीएनजी: दिल्ली-एनसीआर सहित कई राज्यन में कीमत 3 रूपिया बढ़ल, नाया रेट आज सबेरे 6 बजे से लागू। पीएनजीयो 3 रूपिया महंगा भइल।
- बांग्लादेश में हिन्दू मंदिर प हमला: कट्टरपंथी काली मंदिर में मूर्ति तुड़ले, आधा किलोमीटर दूर मिलल मूर्ति, ब्रिटिश काल के बनल ह मंदिर, आरोपियन के तलाश में जुटल पुलिस, दुर्गापूजन के समापन के बाद तोड़फोड़।
- आज चंडीगढ़ में एयरफोर्स के नेशनल एयर शो: राष्ट्रपति मूर्मु के संगे 30 हजार से बेसी लोग रही मवजूद, एयरफोर्स आपन नया ड्रेसो लॉन्च करी…दिल्ली से एही साल चंडीगढ़ शिफ्ट भइल एयरशो।
- गांगुली ना लड़िहें चुनाव, रोजर बिन्नी बन सकेले नया अध्यक्ष: BCCI के एजीएम 18 अक्टूबर के होई। 1983 विश्व विजेता टीम के हिस्सा रहल बाड़े बिन्नी। चीफ सलेक्टर के पद प रह चुकल बाड़े।
Comments are closed.