- बिहार: का नया UPA के अध्यक्ष बन सकेले नीतीश; क्षेत्रीय दलन के गोलबंद करे के जिम्मेवारी बिहार सीएम के दिहल जा सकेला बिहार सीएम के जिम्मेवारी।
- बिहार: मोतिहारी में फइलल डायरिया के प्रकोप, 58 लोग बेमार भइल, सीएस 24 घण्टा मेडिकल टीम तैनात कइले।
- उत्तर प्रदेश: गोल्फ कल्ब के लेके आपस मे भिड़ल लो अफसर, पूर्व डीजीपी जावीद अहमद बनले कार्यकारी अध्यक्ष, सुभाष चंद्रा सचिव, मुकूल सिंघल के कमेटी भंग।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी के सख्त निरदेस; खनन माफिया के सम्पति जब्त कs के 10 दिन में दिहल जाये रिपोर्ट, गैंगेस्टर लगावल जाव।
- झारखंड: चुनाव आयोग के फसीला पs राज्यपाल के लेवे का निर्णय, एमे केंद्र के कवनो दखल नइखे: अमित शाह
- राजस्थान में CM के कुर्सी के लेके सियासी टकराव: गहलोत ग्रुप पायलट के नाव पs नाराज, पायलट के विरोध में विधायकन कर इस्तीफा। हाईकमान खड़गे आ माकन से ममिला सुलझावे के कहलस।
- 7 साल बाद सोनिया से एक साथे मिलल लो लालू-नीतीश: 17 अक्टूबर के बाद दोबारा मिली लो, एक घण्टा से जादे चलल मुलाकात।
- उत्तराखंड के बेटी अंकिता के अंतिम विदाई: साढ़े 8 घण्टा के बाद अंतिम संस्कार खातिर मनले पर्दशनकारी।
- 12 साल के लईका के संगे निर्भया जइसन वारदात, दिल्ली में 4 लोग कइलस रेप, लाठी -डंटा से पीटल गइल।
- 9 साल बाद भारत ऑस्ट्रेलिया के हरवलस: 2-1 से नामे कइलस टी-20 सीरीज। सूर्या आ कोहकी बैटिंग में चमकले।
Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।