Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: हिरासत में 11 के गोली मारे वाला चारो संदिग्ध, रांची भागे के फिराक में रहे मास्टरमाइंड केशव, बिदेसी पिस्टल से 40 मिनट ले कइले रहे नेशनल हाइवे 28 से 31 प 30 किमी ले फायरिंग। 11 लोगन के गोली लागल जेमे 1 के हो गइल रहे मौत।
  2. बिहार: मुज्जफरपुर किडनी केस के मरीज IGIMS पहुंचली; अभी डायलिसिस प राखल जाई सुनीता के, किडनी ट्रांसप्लांट के होई कार्रवाई। युर्ट्र्स के ऑपरेशन बता के निकालल गइल रहे किडनी।
  3. उत्तर प्रदेश: लखनऊ में बरखा से देवाल गिरला से 9 के मौत; दिलकुशा कॉलोनी में तड़के 3 बजे हादसा, मृतकन में कइयन गो लईका सामिल, दु के हालात गंभीर।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी सीएम योगी आज करिहें पोषण माह के सुरुआत, 501 आंगनबाड़ी केन्द्रन के होई लोकार्पण, बाल पिटारा ऐप कइल जाई लांच।
  5. झारखंड: उड़ान योजना, 10 साल के बाद अब 30 अक्टूबर से सोनारी एयरपोर्ट से। विमान सेवा, कोलकाता आ भुवनेश्वर खातिर नियमित उड़ान। यात्रियन के अभाव में 10 साल पहिले बंद कइल गइल रहे उड़ान।
  6. राजस्थान के दौसा में 200 फीट के बोरवेल में गिरल 2 साल के मासूम, देसी जुगाड़ से बचावल गइल। साढ़े 7 घण्टा में लईकी के बहरी निकालल गइल।
  7. सलमान के फॉर्म हाउस में मारे के3 रहे साजिश, लॉरेंस गैंग कइले रहे प्लानिंग, पिछला साल 4 बेर सलमान के हत्या करे के कइल गइल कोसिस। पंजाब पुलिस कइलस खुलासा।
  8. आज से उज्बेकिस्तान में SCO समिट: पीएम मोदी समरकंद पहुंचले, जिनपिंग आ शाहबाज शरीफ से मुलाकात प सस्पेंस। SCO के 22 वां बइठक 2 दिन चली।
  9. स्विस स्टार टेनिस प्लेयर रोजर फेडरर के सन्यास के घोषणा, लेवर कप में आखिरी बेर खेलिहें। 20 ग्रैंड स्लैम सिंगल्स खिताब जीते वाला पहिला पुरुष खिलाड़ी बनल रहस।
  10. टी-20 वर्ल्ड कप खातिर पाकिस्तान के टीम के घोषणा: शाहीन शाह अफरीदी के वापसी, फखर जमान 15 सदस्यीय टीम से बाहर।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-