130 दिन बाद एक दिन में 18 हजार से ज्यादा नया मरीज मिलले, संक्रमण दर 4.16 प्रतिशत तक पहुंच गईल

Share

देश में गुरुवार के कोरोना मरीज में उछाल आईल बा। बुध का तुलना में 4312 गो अउरी नया संक्रमित मिलल बा.

नया संक्रमित के संख्या में भारी बढ़ोतरी के संगे देश में सक्रिय केस बढ़ के 1,04,555 हो गईल बा अवरू रोजाना संक्रमण के दर बढ़ के 4.16 प्रतिशत हो गईल बा। गुरुवार के मिलल नया संक्रमित के संगे देश में कुल संक्रमित लोग के संख्या बढ़ के 4,34,52,164 हो गईल बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के अपडेट भईल आंकड़ा के मुताबिक पछिला 24 घंटा में सक्रिय केस में 4953 के बढ़ोतरी भईल बा। देश में 122 दिन के बाद 1 लाख एक्टिव केस पार हो गइल बा।

बुध का दिने 14 हजार 506 गो मरीज मिलल. इ मंगलवार के मुक़ाबले करीब 25 प्रतिशत जादा रहे। बुध का दिने 30 गो मरीजन के मौत हो गइल जबकि गुरुवार का दिने पिछला 24 घंटा में 39 गो मरीजन के मौत हो गइल आ कुल मौत बढ़ के 525116 हो गइल बा. कुल मामिला में सक्रिय मामिला के संख्या 0.24 फीसदी बा. एकरा संगे-संगे कोरोना से ठीक होखेवाला लोग के दर 98.55 प्रतिशत अवुरी मौत के दर 1.21 प्रतिशत बा। देश में अब तक 4,28,22,493 कोरोना से ठीक हो चुकल बाड़े। एकरा संगे-संगे अभी तक 197.61 करोड़ मामला दर्ज हो चुकल बा।

देश में कोरोना : एक नज़र में

पछिला 24 घंटा में 18,819 नए केस मिलल
देश में अब तक कुल केस 4,34,52,164 बा
24 घंटा में 39 लोग के मौत, अब तक के कुल मौत 5,25,116 बा
24 घंटा में सक्रिय केस बढ़ के 4953 हो गइल, कुल सक्रिय केस 104555 हो गइल
दैनिक संक्रमण दर 4.16, साप्ताहिक संक्रमण दर 3.72

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-