Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 30, 2022

बिहार: बिहार में भारी बारिश आ ठनका के लेके अलर्ट जारी, आकाशीय बिजली से सात की मौत, सीएम आ राज्यपाल जतवले दुख। बिहार: बिहार चिकित्सा सेवा आधारभूत सरंचना निगम के एमडी संजीव रंजन के लगे

Share

  1. बिहार: बिहार में भारी बारिश आ ठनका के लेके अलर्ट जारी, आकाशीय बिजली से सात की मौत, सीएम आ राज्यपाल जतवले दुख।
  2. बिहार: बिहार चिकित्सा सेवा आधारभूत सरंचना निगम के एमडी संजीव रंजन के लगे मिलल आठ करोड़ के काला कमाई, आय से पांच गुना बेसी बनवले सम्पत्ति।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी के सब बेघर परिवारन के राहत देवे जा रहल बा योगी सरकार, मकान बनावे ला मिली जमीन।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी के शिक्षा विभाग में बड़ फेरबदल, 91 शिक्षा अधिकारियन के तबादला; 26 जिलन में तैनात कइल गइले नाया बीएसए।
  5. झारखंड: रांची से निर्मला भगत आ वीणा चौधरी बनल लो जिला परिषद अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष। दुनो लोग आजसु समर्थित उम्मीदवार।
  6. फ्लोर टेस्ट से पहिले उद्धव के इस्तीफा, बोलले- अब शिवसेना भवन में बइठेम। सुप्रीम कोर्ट से फ्लोर टेस्ट के लेके ना मिलल रहे राहत।
  7. उदयपुर हत्याकांड के अरोपियन के पाकिस्तान लिंक सामने आइल, कराची के सुन्नी इस्लामिक संगठन दावत-ए-इस्लामी से बा लिंक।
  8. ओवैसी के पांच में से 4 विधायक RJD में, बिहार में अब लालू के पार्टी सबसे बड़।
  9. यमन में विस्फोटकन से भरल कार में भइल ब्लास्ट, 6 लोग के मौत।
  10. टीम इंडिया के बर्मिघम टेस्ट जीतही के होई: हारला पs WTC फाइनल के राह होई मुश्किल, 15 साल बाद अंग्रेजन के ओकनिये के घर में हरावल ख्वाब रह जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.