Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Moeen Ali Retirement: मोईन अली क्रिकेट के कहलें अलविदा, दूसरका बार लेले संन्यास

1,839
Google Ads 300*250 for posts

Moeen Ali Retirement: मोईन अली क्रिकेट के कहलें अलविदा, दूसरका बार लेले संन्यास

इंग्लैंड के दिग्गज ऑलराउंडर मोईन अली अतवार के इंटरनेशनल क्रिकेट से संन्यास के एलान कs देले बाड़ें।  इंग्लैंड खातिर दुगो वर्ल्ड कप जीते वाला ई खिलाड़ी 10 साल के करियर के अलविदा कsbदेले बाड़ें। मोईन अली ई फैसला ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेलल जाये वाला सीमित ओवरन के सीरीज में ना चुनल गइला के बाद लेलें।

मोईन अंग्रेजी अखबार डेली मेल के दिहल गइल इंटरव्यू में अपना दिल के बात जाहिर कइलें। मोईन अली कहलें, “हम 37 साल के हो गइल बानी। हमरा के एह महीना ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ होखे वाला सीरीज खातिर नइखे चुनल गइल। हम इंग्लैंड खातिर बहुत क्रिकेट खेलनी। ई अब अगिला पीढ़ी के समय बा।”

टेस्ट संन्यास से कइले रहस वापसी

मोईन साल 2021 के अंत में टेस्ट क्रिकेट के अलविदा कह देले रहस, बाकिर साल 2023 में टेस्ट टीम के कप्तान बेन स्टोक्स के कहला पs एशेज सीरीज से पहिले ऊ आपन फैसला बदललले राजस। हालांकि, तब मोईन अली टेस्ट के अलविदा कहले रहस, बाकिर अब ऊ तीनों फॉर्मेट से विदाई ले चुकल बाड़ें।

मोईन अली साल 2014 में इंटरनेशनल डेब्यू कइले रहे लो। अपना देस खातिर ई खिलाड़ी 68 टेस्ट, 138 वनडे आ 92 टी20 मैच खेलल। तीनों फॉर्मेट में उनका बल्ला से कुल 6678 रन, आठ शतक, 28 फिफ्टी निकलल। ओहिजा, तीनों फॉर्मेट में ऊ कुल 366 विकेट लेलें। इंग्लैंड खातिर ऊ आपन आखिरी मैच एही साल गयना में टी-20 वर्ल्ड कप-2024 के सेमीफाइनल के रूप में भारत के खिलाफ खेलले रहे।

952850cookie-checkMoeen Ali Retirement: मोईन अली क्रिकेट के कहलें अलविदा, दूसरका बार लेले संन्यास

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.