Champions Trophy 2025: चैंपियंस ट्रॉफी खातिर पाकिस्‍तान जाई भारतीय टीम? गृह मंत्री अमित शाह देलें जवाब

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 7, 2024

अगिला साल पाकिस्‍तान में चैंपियंस ट्रॉफी 2025 खेलल जाए के बा। आईसीसी के एह टूर्नामेंट खातिर भारतीय टीम पाकिस्‍तान जाई कि ना ई अभी ले स्‍पष्‍ट नइखे भइल। टीम इंडिया के पाकिस्‍तान दौरा पूरा तरे

Share

अमित शाह पाकिस्‍तान के के चेतवलें। इमेज- BCCI, अमित शाह एक्‍स

अगिला साल पाकिस्‍तान में चैंपियंस ट्रॉफी 2025 खेलल जाए के बा। आईसीसी के एह टूर्नामेंट खातिर भारतीय टीम पाकिस्‍तान जाई कि ना ई अभी ले स्‍पष्‍ट नइखे भइल। टीम इंडिया के पाकिस्‍तान दौरा पूरा तरे से सरकार पs निर्भर करत बा। एह बीच केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह संकेत देले बाड़ें कि भारतीय टीम पाकिस्‍तान ना जाई।

शाह जारी कइलें घोषणा पत्र

दरअसल, अमित शाह सुक के जम्मू-कश्मीर में होखे वाला चुनाव से पहिले बीजेपी के घोषणा पत्र जारी कइलें। एह दौरान ऊ कहलें, “बातचीत आ बम एक संगे नइखे चल सकत। जब तक आतंकवाद समाप्त नइखे हो जात, हमनी के पाकिस्तान से बातचीत के पक्ष में नइखी सs।” अमित शाह के एह बयान के चैंपियंस ट्रॉफी 2025 से जोड़के देखल जा रहल बा।

हाइब्रिड मॉडल में करावे के मांग

  • सरकार के रवैया से साफ लाग रहल बा कि ऊ भारतीय क्रिकेट टीम के सरहद पार भेजे के पक्ष में नइखे।
  • हाले में भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के उपाध्‍यक्ष राजीव शुक्‍ला कहले रहस कि टीम इंडिया पाकिस्‍तान जाई भा ना ई पूरा तरे से भारत सरकार के हाथ में बा।
  • BCCI चैंपियंस ट्रॉफी 2025 में भारत के मुकाबला न्‍यूट्रल वेन्‍यू पs करावे के मांग कs रहल बा
  • हालांकि, पाकिस्‍तान क्रिकेट बोर्ड चाहता बा कि भारतीय टीम आपन सब मैच पाकिस्‍तान में ही खेलो।

तइयारी में जुटल बा पाकिस्‍तान

पाकिस्‍तान एह दिनन चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के तइयारी में जुटल बा। टूर्नामेंट पाकिस्‍तान के तीन स्‍टेडियम (कराची, लाहौर, रावलपिंडी) में खेलल जाये के बा। अइसन में एह सब स्‍टेडियम में रिनोवेशन के काम चल रहल बा। टूर्नामेंट 19 फरवरी से नव मार्च के बीच खेलल जाई। एह दौरान आठ टीम खिताब खातिर टकरइहें सs।

चैंपियंस ट्रॉफी वेन्‍यू

  • लाहौर: गद्दाफी स्टेडियम
  • कराची: नेशनल स्टेडियम
  • रावलपिंडी: रावलपिंडी क्रिकेट स्टेडियम

भारत-पाकिस्‍तान एके ग्रुप में

  • ग्रुप ए: भारत, पाकिस्तान, न्यूजीलैंड, बांग्लादेश
    ग्रुप बी: इंग्लैंड, दक्षिण अफ्रीका, ऑस्ट्रेलिया, अफगानिस्तान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.