छपरा में मॉब लिचिंग: मर्डर कs के भाग रहल अपराधियन के लोग पकड़ल, एगो पीट-पीटके मार डाललस, दूसरका गंभीर

Anurag Ranjan

छपरा में भीड़ दु गो अपराधियन के जमके पीटल। एकरा से एगो के मौत हो गइल जबकि दूसरका गंभीर बा। ई अपराधी एगो जुवक के मोटरसाइकिल लूटला के बाद ओकरा के गोली मारके भागत रहले सs। ग्रामीण लो आरोपियन के पीछा कs केपकड़ लिहल आ जमके पिटाई कइल। घायल अपराधी के पुलिस सदर अस्पताल में भरती करवले बिया। एह पिटाई के वीडियो सोझा आइल बा।

दरअसल, अपराधी मांझी थाना के सदबदरा गावं के लगे मोटरसाइकिल लूटे ला एगो जुवक के रोक के छीना-झपटी करे लगले सs। लूट के दौरान विरोध कइला पs अपराधी जुवक के छाती में गोली मार देले सs। गोली लागते ऊ ओहिजा गिर गइल आ ओकर मौत हो गइल। जुवक के पहचान रिविलगंज थाना के नटवर बीरबल गांव के सोनू यादव (20) पिता नागेंद्र यादव के रूप में भइल बा।

गाड़ी के पेट्रोल खतम होखला से धराइल 

जुवक के गोली मरला के बाद अपराधी बाइक लेके भागे लगले सs। तबे सीवान-छपरा मुख्य मार्ग पs  पियानो गांव के लगे बदमाशन के गाड़ी के पेट्रोल ओरा गइल। पीछा कs रहल बाइक सवार लो के हल्ला मचाके दूनो अपराधियन के पकड़ लेलस आ पीटल सुरू कs देलस। देखते-देखत जुटल आक्रामक भीड़ दुनों के पीट-पीटके लहूलुहान कs देलस। एगो अपराधी के घटनास्थले पs मौत हो गइल। जबकि एगो घायल के गंभीर अवस्था मे पुलिस इलाज ला सदर अस्पताल भेज देलस। ओकर इस्थिति गंभीर बतावल जा रहल बा।

घटनास्थल पर पहुंची पुलिस।
घटनास्थल पs पहुंचल पुलिस।

आक्रोशित ग्रामीण सड़क पs आगजनी कइल लो 

घटना के बाद आक्रोशित ग्रामीण सीवान-छपरा मुख्यमार्ग पs आगजनी कs के आवागमन के बाधित कs  दिहल गइल बा। घटना के सूचना पs पहुंचल पुलिस अधिकारी समझा-बुझाके जाम हटावे के कोसिस कs रहल बा। स्थानीय लोगन के आरोप बा कि पुलिस के शिथिलता के चलते आपराधिक घटना में लगातार बढ़न्ती हो रहल बा।

TAGGED:
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।