पूर्व मंत्री के बेटा चोरवलस बिहार पुलिस के गाड़ी: बाप बोलले- पूत ना कपूत, अइसन बेटा के शूट कs देवे के चाहीं

By Anurag Ranjan

Published on: May 1, 2022

पटना में पूर्व मंत्री रामाश्रय सहनी के बेटा बिहार पुलिस के गाड़ी पs हाथ साफ कs लेलस। राजद सरकार में मंत्री रहल सहनी के बेटा मुकेश सहनी एसटीएफ के गाड़ी 5 दिन पहिले चोरवले रहे।

Share

पटना में पूर्व मंत्री रामाश्रय सहनी के बेटा बिहार पुलिस के गाड़ी पs हाथ साफ कs लेलस। राजद सरकार में मंत्री रहल सहनी के बेटा मुकेश सहनी एसटीएफ के गाड़ी 5 दिन पहिले चोरवले रहे। अब ममिला के खुलासा होखला पs पूर्व मंत्री कहले कि अइसन हरकत करे वाला के गोली मार देवे के चाहीं। पांच दिन के ऑपरेशन के बाद एसटीएफ आपन गाड़ी पश्चिम बंगाल के दालकोला से बरामद कs लेले बिया। वाहन चोर मुकेश सहनी आ सुनील कुमार उर्फ सुनील शर्मा के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा।

रामाश्रय सहनी राजद के नेता हवे आ समस्तीपुर के सरायरंजन से चुनाव लड़त रहल बाड़े। रामाश्रय सहनी राजद सरकार में मंत्री रहस। समस्तीपुर जिला राजद के अध्यक्ष रहस। मुकेश सहनी अपना साथियन के संगे 24 अप्रिल के दानापुर क्षेत्र से एसटीएफ के टाटा सूमो गोल्ड गाड़ी चुरा लेले रहे।

एसटीएफ के गाड़ी चोरी होखते पुलिस महकमा में खलबली मच गइल आ एसटीएफ खातिर ई प्रतिष्ठा के सवाल बन गइल। लिहाजा एसटीएफ ओह तमाम वाहन चोरन के कुंडली खंगारल सुरू कs देलस, जेकर पुरान रिकॉर्ड रहल बा। एह दौरान बिहार, यूपी, पश्चिम बंगाल, झारखंड सहित कई राज्यन के अलावे नेपाल तक एसटीएफ आपन नेटवर्क खोल देलस।

आखिरकार लमसम चार दिन के ऑपरेशन के बाद एसटीएफ के ई इनपुट मिलल कि गाड़ी बिहार के समस्तीपुर के लगुनिया सूर्यकंठ के रहे आला पुरान हिस्ट्रीशीटर मुकेश सहनी गैंग चोरवले बा। इनपुट रहे कि गाड़ी पश्चिम बंगाल पछिम बंगाल गइल बा।

पूर्व मंत्री के दरद – पुत्र, कुपुत्र हs मुकेश

एसटीएफ के गाड़ी चोरी करे आला अपराधी मुकेश सहनी के बाबूजी आ बिहार सरकार के पूर्व मंत्री रामाश्रय सहनी कहले कि ऊ पुत्र ना कुपुत्र हs। ओकरा के शूट कs देवे के चाहीं। हमरा के बतावल गइल रहे कि ऊ दु दिन से ससुराल गइल बा, आउर कवनो तरे के बात के जानकारी हमरा नइखे। ऊ कहले कि हम तs जननायक कर्पूरी ठाकुर के संगे रह चुकल बानी। बरिस 1995 से 2000 तक विधायक मंत्री रहले। राज्य मंत्री फेर कैबिनेट मंत्री बनल। गांव में निर्विरोध मुखिया रहले।

साभार: भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.