केंद्रीय गृह मंत्रालय बुध के दिल्ली के उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के खिलाफ कार्रवाई करे के मंजूरी दे देले बा । दरअसल, सिसोदिया पs विपक्षी नेता लोगन के जासूसी करावे के आरोप लागल बा । एह मामला में सीबीआई गृह मंत्रालय से दिल्ली डिप्टी सीएम पs केस चलावे के अनुमति मंगले रहे ।
का हs एफबीयू केस?
दिल्ली सरकार के विजिलेंस विभाग के एगो अधिकारी के शिकायत पs सीबीआई प्रारंभिक जांच कईलस। 2016 में एजेंसी के ओर से कहल गईल रहे कि सऊँपल गईल कामन के अलावा, एफबीयू प्रमुख राजनीतिक व्यक्तियन के जासूसी कईले रहे । सीबीआई के मुताबिक, आठ महीनन के दउरान एफबीयू ने 700 से बेसी मामलन के जांच कइले रहे । एह में से 60 प्रतिशत मामलन में राजनीतिक खुफिया जानकारी जुटावल गईल रहे।
कइसे सोझा आईल रहे मामला?
सीबीआई अपना रिपोर्ट में सरकारी खजाना में भईल नोकसानो के जिकिर कइले रहे। एजेंसी के अनुसार फीडबैक यूनिट के गठन आ काम करे के गैरकानूनी तरीके से सरकारी खजाना के लगभग 36 लाख रुपया के नोकसान भईल रहे । सीबीआई कहले रहे कि कवनो अधिकारी भा विभाग के खिलाफ कवनो कार्रवाई ना कईल गईल ।