Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Railway: रेलवे के दफ्तरन में अब ना बाजी घंटी, VVIP कल्चर के खत्म करे खातिर रेलवे मंत्री के फैसला

रेलवे से वीवीआईपी संस्कृति के खत्म करे खातिर रेलवे मंत्री दफ्तरन से घंटियन के हटावे के फैसला कइले

931

विभिन्न स्तरन पs वीवीआईपी संस्कृति के खतम करे खातिर रेलवे मंत्री अश्विनी वैष्णव  मंगर के विभागीय दफ्तरन में परिचारक लोगन के बोलावे खातिर इस्तेमाल कईल जाए वाली  घंटी के हटावे के आदेश जारी कइले बाड़े । सूत्रन के मुताबिक, रेलवे मंत्री ई स्पष्ट निर्देश देले  बाड़े कि ऑफिस अटेंडेंट के बोलावे खातिर घंटी के इस्तेमाल अब एकदम बन होखे के चाहीं , बलुक उनका के व्यक्तिगत रूप से बोलाव  के चाहीं। निर्देशन के पूरा तरह से लागू करे के उद्देश्य से वैष्णव अपना कार्यालय में लागल घंटी के हटा देले बाड़े।

मंत्री के कार्यालय के ओर कहल गइल कि, प्रत्येक कर्मचारी के समान सम्मान देबे आ वीवीआईपी संस्कृति के मानसिकता के बदले खातिर ई कदम उठावल गइल बा। रेलवे के संचालन में प्रत्येक कर्मचारी के शत-प्रतिशत क्षमता के इस्तेमाल खातिर वीवीआईपी संस्कृति के शून्य प्रतिशत पs लेके जाए के होई।

 

 रेलमंत्री भारत गौरव पर्यटक ट्रेन शुरू करे के घोषणा कइले 


बैसाखी परब के मवका पs भारतीय रेलवे मंगलवार के सिख धर्म के कई गो पवित्र जगहन खातिर भारत गौरव पर्यटक ट्रेन शुरू करे के घोषणा कइलस। 10 दिवसीय जतरा के दउरान एह स्पेशल ट्रेन से 678 ग श्रद्धालु सफर कई सकिहें। भारत गौरव अस पर्यटक ट्रेनन के माध्यम से रेलवे मंत्रालय भारतीय सांस्कृति आ धार्मिक विरासत के बढ़ावा दे रहल बा। रेलवे मंत्रालय के मुताबिक, ई धार्मिक यात्रा 5 अप्रैल के लखनऊ से शुरू होई आ 15 अप्रैल के समापन होई। यात्री सिख धर्म के कई गो पवित्र जगहन के दउरा कई सकिहें।

एह पवित्र जगहन के कई सकेनी जतरा


एह दउरान तीर्थ यात्री आनंदपुर साहिब में श्री केसगढ़ साहिब गुरुद्वारा आ विरासत-ए-खालसा, कीरतपुर साहिब में गुरुद्वारा श्री पातालपुरी साहिब, सरहिंद में गुरुद्वारा श्री फतेहगढ़ साहिब, अमृतसर में श्री अकाल तख्त साहिब आ श्री हरमंदिर साहिब, अमृतसर में श्री दमदमा साहिब के यात्रा कई सकिहें। रेल मंत्रालय  कहलस कि बठिंडा, नांदेड़ में तख्त सचखंड श्री हजूर साहिब, बीदर में गुरुद्वारा श्री गुरु नानक झीरा साहिब आ पटना में तख्त श्री हरमंदिर जी पटना साहिबो के जतरा कई सकिहें।

 सुविधा का रही ?

आईआरसीटीसी एह ट्रेन के नौ गो स्लीपर क्लास कोच, 1 एसी-3 टीयर आ 1 एसी-2 टीयर कोच के संगे चलाई। टूर पैकेज में अनिवार्य रूप से आरामदायक रेल यात्रा, ऑन-बोर्ड आ ऑफ-बोर्ड भोजन, गुणवत्ता वाला होटलन में आवास, दर्शनीय स्थलन के जतरा के संगे संपूर्ण सड़क परिवहन शामिल होई। टूर एस्कॉर्ट्स, यात्रा बीमा, ऑन-बोर्ड सुरक्षा आ हाउसकीपिंग के सेवा भी उपलब्ध होई। लंगर में हिस्सा लेबे के विकल्प महत्वपूर्ण गुरुद्वारन के साथ-साथ यात्रा के दउरान भी उपलब्ध होई।

467380cookie-checkRailway: रेलवे के दफ्तरन में अब ना बाजी घंटी, VVIP कल्चर के खत्म करे खातिर रेलवे मंत्री के फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.