[the_ad_group id="30365"]

Mike Batayeh: अब नाहीं रहले ‘ब्रेकिंग बैड’ अभिनेता माइक बटायेह, 52 साल के उमिर में हार्ट अटैक से निधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

माइक 2011 से 2012 ले ‘ब्रेकिंग बैड’ के तीन एपिसोड में नजर अइले। ऊ लैवेन्डेरा ब्रिलेंटे इंडस्ट्रीयल लॉन्ड्रोमैट के मैनेजर डेनिस मार्कोव्स्की के भूमिका में रहलें।

माइक बटायेह के 52 साल के उमिर में निधन हो गइल बा। उनुका के ‘ब्रेकिंग बैड’ में लॉन्ड्रोमैट मैनेजर डेनिस मार्कोव्स्की के भूमिका निभावे खातिर जानल जात रहे। अभिनेता के मउत मिशिगन के अपना घर में सुतल घरी दिल के दौरा पड़ला से हो गइल। उनुकर परिवार एकर पुष्टि कईले बा। एह अभिनेता के अंतिम संस्कार 16 जून के मिशिगन के प्लायमाउथ के राइजन क्राइस्ट लूथरन चर्च में कइल जाई। कई गो रिपोर्ट में उनुका रिश्तेदारन के हवाला से कहल गइल बा कि उनुकर मउत अचानक भइल, पहिले उनुका दिल के कवनो दिक्कत ना रहे।

एह फिलिमन में काम कइले रहले

रउरा सभे से बता दी कि माइक 2011 से 2012 ले ‘ब्रेकिंग बैड’ के तीन गो एपिसोड में नजर अइले। ऊ लैवेन्डेरा ब्रिलेंटे इंडस्ट्रीयल लॉन्ड्रोमैट के मैनेजर डेनिस मार्कोव्स्की के भूमिका में रहलें। अमेरिकन ड्रीम्ज (2006), दिस नैरो प्लेस (2011) आ डेट्रायट अनलिडेड (2012) नियर फिलिम सभ में भी काम कइलें। माइक बटायेह आखिरी बेर साल 2018 के टेलीविजन फिल्म ‘प्रैंक ऑफ अमेरिका’ में काम कइले रहले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]