माइक्रोसॉफ्ट के विंडोज के लेके बड़ एलान, परेसान हो गइल लो एंड्रॉयड यूजर्स

Share

Microsoft एगो बड़ एलान करत एंड्रॉयड यूजर्स के परेसानी में डाल देले बा। Microsoft विंडोज सबसिस्टम फॉर एंड्रॉयड (WSA) के खत्म कs देले बा। एह वर्चुअल मशीन के मदद से अमेजन एप्स स्टोर मार्केटप्लेस से एंड्रॉयड एप्स विंडोज 11 में यूज कइल जा सकत रहे।

माइक्रोसॉफ्ट ई सपोर्ट अमेजन के संगे भइल एगो डील के बाद बंद कइले बा। विंडोज के संगे एंड्रॉयड एप्स के सपोर्ट 2021 से मिलत रहे। माइक्रोसॉफ्ट के घोषणा के मोताबिक पांच मार्च 2025 के बाद Windows 11 के यूजर्स अपना सिस्टम में एंड्रॉयड एप्स के इस्तेमाल ना कs पाई लो।

5 मार्च, 2024 तक जवन यूजर्स अमेजन एप स्टोर भा एंड्रॉयड एप्स के इंस्टॉल कs लेले बा लो, ऊ 5 मार्च, 2025 तक एकरा के इस्तेमाल कs पाई लो आ टेक्निकल सपोर्ट ले पाई, बाकिर अब नया यूजर्स इंस्टॉल ना कर पाई लो। एह संबंध में अमेजनो एगो अपडेट शेयर कइले बा।

अमेजन के बयान के मोताबिक अब कवनो डेवलपर्स स्टोर पs अपना एप के पब्लिश बा कs पाई, बाकिर जवन डेवलपर्स के एप्स स्टोर पs पहिले से लिस्टेड बा ऊ अगिला साल तक एप खातिर अपडेट जारी कs सकी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-