[the_ad_group id="30365"]

मेधावी छात्र सम्मान : सीएम योगी के हाथ सम्मान पा के खिल उठलें मेधावियन के चेहरा, छात्र भइलें अभिभूत, अभिभावक भइलें भावुक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेधावी छात्र सम्मान समारोह में सीएम के हाथे सम्मान पा के छात्र त अभिभूत हो ही गइलें पर उनके संगे उनके अभिभावक भी भावुक हो उठलें। मेधावियन के चेहरा खिल उठल। उम्मीदन के नयका सूरज मानों आसमान में खिल उठल जेकर चमक एह छात्र-छात्रा सब के आंख में साफ नजर आइल। लखनऊ के इंदिरा गांधी प्रतिष्ठान में जइसही मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मेधावियन के सम्मान कइलें त एह सभागार में माहौल पूरा तरह से बदल गइल।

मेधावियन के सम्मान कार्यक्रम में बियफे के अधिकतर मेधावी अपने परिवार के सदस्यन के संगे बुध के साँझ के राजधानी पहुंच चुकल रहनें। खचाखच भरल सभागार में प्रदेश भर से आइल टॉपर्स एह सम्मान के पा के अपना के गौरवान्वित महसूस कs रहल बानें। करते लोग काहें नाइ? माध्यमिक शिक्षा मंत्री गुलाब देवी खुदहीं उनके मंच से आशीर्वाद देत रहलें।

शिक्षिका रहि चुकल गुलाब देवी कहलें कि एह तरह के कार्यक्रम में सम्मान पा के विद्यार्थी नयका मुकाम हासिल करेने। एहमें से केहू वकील बनी त केहू चिकित्सक, केहू इंजीनियर त केहू सीएम। ऊ ठीक एक शिक्षिका के ही तरे बचवन के न खाली सीख देहलें बलुक आशीर्वचन भी दिहली। एही तरह से परिवहन मंत्री दयाशंकर सिंह भी एह बचवन के उज्ज्वल भविष्य के कामना कइलें।

ई अनुभव छात्र-छात्रा लोग खातिर एकदम नया रहल। अमर उजाला जिला में पहिलही एह विद्यार्थियन के सम्मान कs चुकल रहे लेकिन राजधानी में एह तरह के भव्य आयोजन में सम्मान पा के सब टॉपर्स के आंख चमक उठल। उनके अभिभावक लोग भी कहल कि एह तरह के आयोजन ही टॉपर्स खातिर मार्गदर्शक के काम करेने सब। न खाली एह छात्रन खातिर, बलुक दुसरे छात्रन खातिर भी एगो संदेश देला कि ऊ आगे बढिहें त उनकरो सम्मान होई।

छात्र लोग कहल कि सीएम से मिलल उनकर सम्मान रहल अउर अमर उजाला न खाली ई मौका दिहलें बलुक उनके हाथ से सम्मान दियवा के उनकर सपना साकार कइलें। खास तौर से जब सीएम परीक्षा में बेटियन के आगे अइले के बात कहलें त सभागार में मौजूद बेटियन खातिर हाल तालियन से गूंज उठल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]