Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

घन कोहरा के संगे गलन के मार, पश्चिमी यूपी में बुरा हाल, प्रदेश भर में ऑरेंज के संगे यलो अलर्ट

222

अवध समेत प्रदेश के अधिकांश हिस्सा में घन कोहरा के संगे भारी गलन के दौर शुरू हो गइल। मौसम विभाग 3 जनवरी तक शीतलहर के चेतावनी जारी कइले बानें। पश्चिमी यूपी में एकर प्रकोप जियादा देखे के मिली। दूसरे भाग में कोल्ड डे के भी चेतावनी जारी कइल गइल बा।

मौसम विज्ञान केंद्र के वरिष्ठ वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह बतवलें कि शनिचर के प्रदेश भर में घन कोहरा छाया रही। एके ले के देवरिया, गोरखपुर, संत कबीरनगर, बहराइच, लखीमपुर खीरी, सहारनपुर, शामली, मुजफ्फरनगर, बागपत, मेरठ, गाजियाबाद अउर आसपास के क्षेत्र खातिर ऑरेंज अलर्ट, जबकि वाराणसी, जौनपुर, गाजीपुर, आजमगढ़, लखनऊ, बाराबंकी, सुल्तानपुर अउर आस पास खातिर यलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। बेयार भी अगले कुछ दिन ले लोग के चुभती रही। पश्चिमी विक्षोभ के आहट बा। अइसे में बादल पसर सकsता।

तराई में पछुआ निकललस दम

तराई के जिला बहराइच, श्रावस्ती अउर बलरामपुर के साथही गोंडा में पछुआ बेयार लोग के कंपकंपा रहल बा। एकरे चलते शुक्रवार के दिन में दोपहर बाद निकलल धूप बेअसर साबित भइल। शाम होइतही गलन अउर बढ़ गइल। अयोध्या में 6 डिग्री त फुर्सतगंज अमेठी में 7.2 डिग्री न्यूनतम तापमान रिकॉर्ड कइल गइल।

दिनभर कोहरा में लिपट रहल राजधानी

लखनऊ में सुक्क के दिन भर कोहरा रहल। उहवें, बदरी लोग के ठिठुरले पर मजबूर कs दिहलस। बिहाने साढ़े छ: बजे से साढ़े नौ बजे ले राजधानी घन कोहरा के चपेट में रहल। दिन भर में 800 मीटर ले दृश्यता रहल। आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र के वरिष्ठ वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह बतवलें कि अतवार से पारा गिरी। जेसे सर्दी लोग पर ढेर सितम ढाही। कोहरा भी घन होत जाई। दृश्तया में गिरावट आई।

डेढ़ घंटा ले 50 मीटर रहल दृश्यता

सुबह 6:30 बजे- 200 मीटर
सुबह 7 बजे से 8:30 बजे- 50 मीटर
सुबह 8:30 बजे से 9 बजे- 150 मीटर
सुबह 9:30 बजे तक – 200 मीटर यानि घना कोहरा रहल

426330cookie-checkघन कोहरा के संगे गलन के मार, पश्चिमी यूपी में बुरा हाल, प्रदेश भर में ऑरेंज के संगे यलो अलर्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.