[the_ad_group id="30365"]

UP Weather : घना कोहरा के संगे गलन के मार, पश्चिमी यूपी में बुरा हाल, प्रदेश भर में ऑरेंज के संगे यलो अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अवध समेत प्रदेश के अधिकांश हिस्सन में घना कोहरा के संगे भारी गलन के दौर सुरू हो गइल बा। मौसम विभाग 3 जनवरी तक शीतलहर के चेतावनी जारी कइले बा। पश्चिमी यूपी में एकर प्रकोप जादे देखे के मिली। आउर भाग में कोल्ड डे के चेतावनी जारी कइल गइल बा।

मौसम विज्ञान केंद्र के वरिष्ठ वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह बतवलें कि सनीचर के प्रदेश भर में घना कोहरा छाइल रही। एकरा के लेके देवरिया, गोरखपुर, संत कबीरनगर, बहराइच, लखीमपुर खीरी, सहारनपुर, शामली, मुजफ्फरनगर, बागपत, मेरठ, गाजियाबाद आ अगल-बगल के क्षेत्र खातिर ऑरेंज अलर्ट, जबकि वाराणसी, जौनपुर, गाजीपुर, आजमगढ़, लखनऊ, बाराबंकी, सुल्तानपुर आ अगल- बगल खातिर यलो अलर्ट जारी कइल गइल बा।

शुष्क हवा अगिला कुछ दिनन तक लोगन के चुभती रही। पश्चिमी विक्षोभ के आहट बा। अइसन में बादल छा सकत बा।

तराई में पछुआ निकललस दम 

तराई के जिलन बहराइच, श्रावस्ती आ बलरामपुर के संगही गोंडा में पछुआ हवा लोगन को कंपकंपा रहल बा। एकरा चलते सुक के दिन में दुपहरिया बाद निकलल घाम बेअसर साबित भइल। साँझ होखते गलन आउर बढ़ गइल। अयोध्या में 6 डिग्री तs फुर्सतगंज अमेठी में 7.2 डिग्री न्यूनतम तापमान रिकॉर्ड कइल गइल।

दिनभर कोहरा में लिपटल रहल राजधानी 

लखनऊ में सुक के दिन भर कोहरा छाइल रहल। ओहिजा, बदरी लोगन के ठिठुरे पs मजबूर कs देलस। सबेरे साढ़े छव: बजे से साढ़े नौ बजे तक राजधानी घना कोहरा के चपेट में रहल। दिन भर में 800 मीटर ले दृश्यता रहल। आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र के वरिष्ठ वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह बतवलें कि अतवार से पारा गिरी। जवना से सर्दी लोगन पs बेसी सितम ढाई। कोहरा आउर घना होत जाई। दृश्तया में गिरावट आई।

डेढ़ घंटा 50 मीटर रहल दृश्यता 

सबेरे 6:30 बजे- 200 मीटर

सबेरे 7 बजे से 8:30 बजे- 50 मीटर

सबेरे 8:30 बजे से 9 बजे- 150 मीटर

सबेरे 9:30 बजे तक – 200 मीटर माने घना कोहरा रहल

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]