[the_ad_group id="30365"]

मैकडॉनल्ड्स बर्गर से टमाटर हटवलस: कहलें- अच्छा क्वालिटी के टमाटर नइखे मिल रहल; देस में कइयन जगह कीमत 250 रुपिया किलो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मैकडॉनल्ड्स बर्गर से टमाटर के हटा देले बा। मैकडॉनल्ड्स इंडिया के नॉर्थ एंड ईस्ट फ्रेंचाइजी ने सुक के कहलस कि अइसन सीजनल इश्यू के वजह से कुछ समय खातिर कइल गइल बा। सब कोसिसन के बादो हमनी के अच्छा क्वालिटी के टमाटर नइखे मिल पा रहल।

फ्रेंचाइजी कहलस कि हमनी के एकर समाधान खोज रहल बानी सs आ जल्दिये एकरा के आपन आइटम्स में सामिल करेम। ओने, भारी बरखा के कारण देस में टमाटर के कीमत 250 रुपिया तक पहुंच गइल बा। फसल खराब होखला से क्वालिटी पs असर पड़ल बा।

पढ़ी मैकडॉनल्ड्स इंडिया के नॉर्थ एंड ईस्ट फ्रेंचाइजी के पूरा बयान…

‘फूड क्वालिटी आ सेफ्टी के हाइएस्ट स्टैंडर्ड्स खातिर कमिटेड एगो ब्रांड के रूप में, हमनी के क्वालिटी आ सेफ्टी चेक के बादे सामग्री के इस्तेमाल करेनी सs। हालांकि, सीजनल इश्यूज के कारण आ हमनी के सब प्रयासन के बावजूद, हमनी के अइसन टमाटर नइखी किन पा रहल सs जवन हमनी के वर्ल्ड क्लास क्वालिटी चेक से पास हो सके। एहिसे, हमनी के अपना कुछ रेस्तरां में मेन्यू से टमाटर हटा रहल बानी सs’

स्टेटमेंट में कहल गइल बा कि ई एगो टेंपररी इश्यू हs आ हमनी के अपना ग्राहकन के आश्वस्त कइल चाहत बानी कि हमनी के ओकरा के  मेन्यू में वापस ले आवे खातिर सब संभावित तरीकन पs विचार कs रहल बानी सs। टमाटर बहुते जल्दी हमनी के मेन्यू में सामिल होई।’

साल 2016 मेंनॉर्थ एंड ईस्ट फ्रेंचाइजीज टमाटर के अपना मेन्यू से बाहर कs देले रहली सs। तबो एकर कारण टमाटर के खराब क्वालिटी रहे।

वेस्ट आ साउथ फ्रेंचाइजीयो 10-15% स्टोर्स पs टमाटर सर्व कइल बंद कइलस 

ओने, मैकडॉनल्ड्स इंडिया के वेस्ट आ साउथ फ्रेंचाइजीजो 10-15% स्टोर्स पs टमाटर सर्व कइल बंद कs देले बा। फ्रेंचाइजी  कहलस कि मानसून के दौरान ‘फ्रूट फ्लाइज’ एगो आम परेसानी हs। एह कारण खराब टमाटर के बैचन के हटा दिहल जात बा। ई एगो मौसमी समस्या बा जवना के सामना हर रेस्टोरेंट मानसून में करेला।

पिछला साल UK में अइसने भइल रहे

सप्लाइ चेन के समस्या के कारण मैकडॉनल्ड्स अपना UK रेस्तरां में टमाटर के मेन्यू से बाहर कs दिहल गइल रहे। फास्ट फूड के दिग्गज कंपनी कहले रहे कि ओकरा अपना कुछ प्रोडक्ट में टमाटर के मात्रा में कटौती करे खातिर मजबूर होखे के पड़ल बा। सप्लाई चेन यूक्रेन पs रूस के आक्रामण, ब्रेक्जिट आ कोविड के कारण रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]