[the_ad_group id="30365"]

BAN W vs IND W: हरमनप्रीत कौर के अर्धशतकीय पारी, भारत बांग्लादेश के 7 विकेट से रउदलस; बनवलस 1-0 के बढ़त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कप्तान हरमप्रीत कौर (54) के सानदार अर्धशतक के बदौलत भारत बांग्लादेश के पहिला टी20 मैच में 7 विकेट से हरा देलस। पहिले बल्लेबाजी करत बांग्लादेश महिला टीम निर्धारित 20 ओवर में पांच विकेट के नुकसान पs 114 रन बनवलस। भारत तीन विकेट खोके लक्ष्य हासिल कs लेलस।

भारतीय महिला टीम टॉस जीतके गेंदबाजी करे के फैसला कइलस। बांग्लादेश के पहिला विकेट 27 के स्कोर पs गिरल। शाति रानी 22 रन बनाके पूजा वस्त्रकार के शिकार बनली। शमीमा सुल्ताना के मिन्नू मणि 17 के स्कोर पs जेमिमा के हाथन कैच आउट करवा देली।

दु बल्लेबाज भइल लो रन आउट

भारत 78 के स्कोर पs बांग्लादेश के 4 विकेट गिरा देले रहे। शोर्ना एक्टर टीम खातिर संघर्ष कइली, बाकिर उहो बड़ पारी ना खेल सकली। ऊ 28 रन बनाके नाबाद लवटली। ऊ टीम के तरफ से सबसे जादे रन बनावे वाली खिलाड़ी रहली। भारत खातिर तीन गेंदबाजन के विकेट मिलल। पूजा वस्त्राकर, शेफानी आ मिन्नू मणि के एक-एक विकेट मिलल। दु बल्लेबाज रन आउट भइल लो।

भारत के सुरुआत रहल बहुते खराब

बांग्लादेश के 115 रन के लक्ष्य के पीछा करत भारत के सुरुआत बहुते खराब रहल। शेफाली वर्मा पहिला ओवर ले तीसरका गेना पs बिना रन बनवलें आउट हो गइली। स्मृति मंधाना आ जेमिमा रोड्रिग्स पारी के आगे बढ़ावल लो। अभी टीम के स्कोर 21 पहुंचले रहे कि जेमिमा (11) पवेलियन लवट गइल।

भारत बनवलस 1-0 से बढ़त

स्मृति मंधाना 30 रन बनाकर आउट हो गइली। एकरा बाद कप्तान हरमनप्रीत कौर आ यास्तिका भाटिया संभर के खेलत टीम के जीत तक लेके गइल लो। बांग्लादेश के तरफ से सुल्ताना खातून के दु विकेट मिलल। मारुफा एक्टर के एक विकेट मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]