मुंबई के धारावी में लागल भीषण आग, कईगो झुलसले, 10 से अधिका पहुंचल दमकल गाड़ी

Share

 

एशिया के सबसे बड़ झुग्गी-झोपड़ी के रूप में जानल जाए वाला धारावी इलाका में आग लगला से बहुत संपत्ति के नुकसान पहुंचल बा। एह आग में छह लोग के जरला के खबर भी बा। धारावी के एगो औद्योगिक परिसर के नजदीक आगजनी के घटना भईल बा। एह आग के जानकारी मिलला के बाद 10 गो फायर टेंडर मौका पs पहुंचल।

बीएमसी के मुताबिक मंगल के धारावी में एगो औद्योगिक परिसर के तीन मंजिला अवुरी चार मंजिला इमारत में आग लाग गईल। आग खाली लकड़ी आ फर्नीचर ले सीमित रहे। आगजनी के एह भयावह घटना से एगो परिधान स्टॉक पs भी असर पड़ल बा। मुंबई दमकल विभाग के ओर से 4 घंटा के मेहनत के बाद आग पs काबू पा लिहल गईल। आजु सबेरे सबेरे करीब 3:45 बजे आग लाग गईल। ओह घरी सभे गहिराह नींद में रहे, जवना के चलते आग गंभीर रूप ले लेलस। एह हादसा में 6 लोग गंभीर रूप से घायल हो गईले।

आगजनी के घटना में घाही लोग के पहचान 26 साल के सलमान खान, 25 साल के मनोज, 22 साल के अमजद, 26 साल के सैदुल रहमान अवुरी 28 साल के सलाउद्दीन के रूप में भईल बा। आग में जरे से घाही भईल लोग के पास के बीएमसी के सायन अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। घाही लोग के इलाज चल रहल बा। फिलहाल उनुकर हालत स्थिर बतावल जाता। फिलहाल आग लागे के कारण के जानकारी नईखे मिलल.

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-