Delhi Hospital Fire: बेबी केयर के बाद दिल्ली के एगो अउरी अस्पताल में लागल आग

By Anurag Ranjan

Published on: May 28, 2024

  पूर्वी दिल्ली के विवेक विहार में स्थित बेबी केयर अस्पताल में आग लगला के बाद एगो अवुरी जानकारी सोझा आईल बा। बाहरी दिल्ली के पश्चिम विहार इलाका के आई मंत्रा अस्पताल में मंगल के

Share

 

पूर्वी दिल्ली के विवेक विहार में स्थित बेबी केयर अस्पताल में आग लगला के बाद एगो अवुरी जानकारी सोझा आईल बा। बाहरी दिल्ली के पश्चिम विहार इलाका के आई मंत्रा अस्पताल में मंगल के दिने आग लाग गइल. आग लगला के जानकारी मिलला पs दमकल विभाग पांच से छह गाड़ी के संगे मौका पs पहुंचल।शार्ट सर्किट के चलते एसी में आग लाग गईल.

पिछला ढाई साल में दिल्ली में 77 घटना

विवेक विहार के बेबी केयर न्यू बोर्न अस्पताल में आग लागे के इs पहिला घटना नईखे। अगर दमकल विभाग के आंकड़ा देखल जाव तs पछिला ढाई साल के दौरान दिल्ली के अलग-अलग अस्पताल में आग लागे के 77 घटना भईल बा। एम्स, सफदरजंग, आरएमएल जइसन अस्पताल भी शामिल बा।

बार-बार आग लागे के घटना के बावजूद प्रशासन एकरा से बेपरवाह बा। कवनो दुर्घटना के बाद कुछ दिन ले एकरा बारे में चर्चा होखेला, बाद में समय के संगे घटना के बैक बर्नर पs डाल दिहल जाला। अगर प्रशासन समय पs बचाव के इंतजाम कs लेव तs एह तरह के दुर्घटना से बचावल जा सकेला.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.