[the_ad_group id="30365"]

मधु विहार के पार्किंग एरिया में लागल भीषण आग, 17 गो गाड़ी जर के भइल खाक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

दिल्ली के एगो इलाका से बड़ खबर आ रहल बा। इहाँ के पार्किंग क्षेत्र में देर रात भारी आग लाग गईल, जवना के चलते बहुत गाड़ी जर गईल। घटना के सूचना मधु विहार से मिल रहल बा। बतावल जाता कि देर रात मधु विहार इलाका के पार्किंग में भारी आग लाग गईल। लोग दमकल विभाग के एह बारे में जानकारी दिहले। दमकल विभाग के मुताबिक आग एतना तेज रहे कि करीब 17 गाड़ी जर गईल।

 

मिलल जानकारी के मुताबिक पूर्वी दिल्ली के मंडावली थाना के नजदीक पार्किंग में रात के एक बजे आग लाग गईल, ओकरा बाद लोग फायर ब्रिगेड के सूचना देले। जवना के बाद फायर ब्रिगेड के टीम मउका पs पहुंच गईल। फायर ब्रिगेड के मुताबिक आग अतना भयावह रहे कि मउका पs 9 गाड़ी के बोलावे के पड़ल। दमकलकर्मी सूचना मिलला के बाद मउका पs पहुंचल अवुरी बहुत मेहनत के बाद आग के काबू में कs लेलस।

लोग जानकारी देले

दमकल अधिकारी के मुताबिक, लोग 1:17 बजे विभाग के सूचना देले। विभाग के गाड़ी तुरंत मौका पs पहुंच गईल। बतावल जाता कि मंडावली थाना सरस्वती कुंज अपार्टमेंट के नजदीक पार्किंग में आग लाग गईल। इहाँ खड़ा 17 गाड़ी के जर के राख हो गईल। 9 गो फायर टेंडर से आग पs काबू पा लिहल गइल बा। फिलहाल एs दुर्घटना में कवनो जानमाल के नुकसान नईखे भईल। अबे ले कवनो जानकारी नईखे मिलल कि आग कईसे लागल, आगे के जांच जारी बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]