मलेशिया में गैस पाइप फटले से लागल भीषण आग, कई किलोमीटर ले उठल ऊंच लपट

मलेशिया में गैस पाइप फटले से लागल भीषण आग

Share

मलेशिया के राजधानी कुआलालंपुर के लगे सेलंगोर राज्य के पुत्रा हाइट्स में मंगल के दिने गैस पाइपलाइन के भीतर आग लगला के बाद बड़हन विस्फोट हो गइल जवना के बाद अधिकारियन के पास के आवासीय इलाकन के खाली करावे के आदेश दिहल गइल. आग लगला के चलते कई किलोमीटर तक तेज आग के लपट देखाई देलस। मध्य सेलांगोर राज्य के पुत्रा हाइट्स में गैस स्टेशन का लगे आग लगला का जगहा सेलंगोर से दर्जनो दमकलकर्मी भेजल गइल. स्थानीय अखबार द स्टार फायर विभाग के निदेशक वान मोहम्मद रजाली वान इस्माइल के के हवाला से कहलस कि, मौका पs मौजूद दमकलकर्मी के कहनाम बा कि आग लागे के कारण पाइप लाइन फट गईल बा।


आग अतना भयंकर रहे कि कुछ निवासी के कहनाम बा कि उनुका घर के दरवाजा अवुरी खिड़की हिलत महसूस भईल, जवना के चलते पहिले के आग से भईल विस्फोट के चलते मानल जाता। सोशल मीडिया पs एs दुर्घटना के वीडियो वायरल हो गईल बा, जवना में आग के एगो विशाल बादल आसमान में उठत देखाई देता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-