[the_ad_group id="30365"]

डोनाल्ड ट्रंप के ‘भीषण बमबारी’ के धमकी के बाद ईरान मिसाइल दागे खातीर तैयार

डोनाल्ड ट्रंप
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लागत बा कि जल्दिए दुनिया में एगो अउरी बड़हन युद्ध शुरू होखे के संभावना बा. अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप ईरान के कड़ा चेतावनी जारी करत कहले बाड़न कि अगर ईरान नया परमाणु समझौता पs सहमत ना होखे तs ओकरा पर भारी बमबारी आ आर्थिक दबाव समेत गंभीर परिणाम के सामना करे के पड़ी. एकरा संगे ट्रंप के धमकी के बाद ईरान भी मिसाइल चलावे खातीर तैयार बा। तेहरान टाइम्स के रिपोर्ट के मुताबिक, “ईरान अपना भूमिगत मिसाइल शहर में सभ लांचर लोड कs देले बा अवुरी हमला करे खातीर तैयार बा, काहेंकी अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप धमकी देले रहले कि जदी उs अपना परमाणु कार्यक्रम से समझौता ना करी तs देश पs बमबारी करीहे।” हालांकि मिसाइल हमला के लेके ईरान के ओर से आधिकारिक तौर पs कुछूओ नईखे कहल गईल।

ईरान ट्रंप के दोहरा झटका दिहलस ईरान भी हालही में ट्रंप से बात करे से मना कs दिहले बा. ई घटना ओह घरी आइल बा जब अमेरिका यमन में ईरान समर्थित हूती विद्रोहियन के निशाना बना के हवाई हमला कs रहल बा. अइसना में ईरान के परमाणु कार्यक्रम के निशाना बना के सैन्य कार्रवाई के खतरा बनल बा.

ट्रंप खुला धमकी दिहले

बता दीं कि अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप अतवार के दिने कहले रहले कि अगर ईरान अपना परमाणु कार्यक्रम के बारे में उनुका से सहमत ना होखे तs ईरान पs बमबारी हो जाई. एकरा संगे उs ईरान पs अतिरिक्त टैरिफ लगावे के बात भी कईले बाड़े। ट्रंप एनबीसी न्यूज से कहले कि, “जदी उs लोग सौदा ना करीहे तs बमबारी होई। बाकिर इहो संभावना बा कि जदी उs लोग सौदा ना करीहे तs हम ओ लोग पs माध्यमिक टैरिफ लगा देब, ठीक ओसही जईसे हम चार साल पहिले कईले रहनी।”

डोनाल्ड ट्रंप राष्ट्रपति पद के पहिला कार्यकाल में ईरान के साथे भइल परमाणु समझौता से अमेरिका के वापस ले लिहलें। एह सौदा में प्रतिबंध से राहत के बदले तेहरान के विवादित परमाणु गतिविधियन पs कड़ा प्रतिबंध लगावल गइल. जबसे ई सौदा खतम भइल बा तबसे ईरान में भारी मात्रा में यूरेनियम के भंडार हो गइल बा. ईरान में गैर-परमाणु शक्तियन खातिर तय सीमा से बहुते अधिका यूरेनियम जमा भइल बा.

इहो पढ़ीं; सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]