म्यांमार आ थाईलैंड में तबाही मचाए के बाद अब पाकिस्तान में आइल भूकंप, कांप उठल धरती

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2025

म्यांमार आ थाईलैंड में तबाही मचावे के बाद अब पाकिस्तान में एह भूकंप से दहशत मच गइल बा. पाकिस्तान में देर रात तेज भूकंप के झटका महसूस भइल. फिलहाल भूकंप के चलते कवनो प्रकार के

Share

पाकिस्तान में आइल भूकंप

म्यांमार आ थाईलैंड में तबाही मचावे के बाद अब पाकिस्तान में एह भूकंप से दहशत मच गइल बा. पाकिस्तान में देर रात तेज भूकंप के झटका महसूस भइल. फिलहाल भूकंप के चलते कवनो प्रकार के नुकसान के खबर नईखे। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक इs भूकंप 2 अप्रैल के सबेरे 2:58 बजे पाकिस्तान में आईल रहे।एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 4.3 रहे। भूकंप के भूकंप के बाद लोग डेरा गईले। यूएसजीएस के मुताबिक भूकंप के केंद्र बलूचिस्तान के उथल से 65 किलोमीटर पूरब-दक्षिण-पूर्व में 10 किलोमीटर गहराई पs रहे।

पाकिस्तान में धरती हिल गईल एकरा से पहिले एs साल 28 फरवरी के पाकिस्तान में भूकंप आईल रहे। एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 4.5 नापल गइल। भूकंप से कवनो नुकसान ना भईल। भूकंप के केन्द्र खुद पाकिस्तान में रहे। 28 फरवरी से पहिले 16 फरवरी के पाकिस्तान में भी भूकंप के झटका महसूस भइल रहे। एह भूकंप के केन्द्र रावलपिंडी से 8 किलोमीटर दक्खिन-पूरुब में रहे। एकर गहराई जमीन से 17 किलोमीटर नीचे रहे। पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में भी इs भूकंप महसूस भईल।

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.