Mashrak News: मशरक में बाइक के ठोकर से साइकिल सवार के मौत, मचल कोहराम

Share

मशरक (सारण)/ मशरक न्यूज (बिहार): मशरक- कर्णकुदरिया गोलंबर मुख्य पथ एनएच- 227ए रामजानकी पथ पs कर्णकुदरिया अम्बेडकर गोलंबर के लगे बाइक से धक्का लगला से साइकिल सवार अधेड़ के मौत हो गइल।

मृतक पानापुर थाना क्षेत्र अंतर्गत सेमरहा गांव निवासी रामचंद्र साह के 40 बरिस के लईका नन्दू साह बतावल जात बा। जवन पानापुर बाजार से घर लवटत रहे कि कर्णकुदरिया अम्बेडकर गोलंबर के लगे बाइक सवार साइकिल में ठोकर मार दिहल। गंभीर रूप से घायलावस्था में मशरक सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र पहुंचावल गइल।

जहां, ड्यूटी पs तैनात चिकित्सक डॉ. अनंत नारायण कश्यप मृत घोषित कs देलस। मृतक के पिता रामचंद्र साह मवका पs रोवत-रोवत बेहोश हो जा रहल बा। मृतक नन्दू साह के तीन गो आ एगो पुत्री बा। पत्नी घर पs बिया।

मशरक के अपर थानाध्यक्ष सुनिल कुमार दलबल के संगे मवका पs पहुंच के शव के अपना कब्जा में लेके कागजी कार्रवाई करत अंत्य परीक्षण खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज देलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-