मशरक नगर पंचायत चुनाव 20 अक्टूबर के

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह। मशरक नगर पंचायत चुनाव के तिथि के घोषणा के संगही प्रशासनिक रूप रेखा तइयार क लिहल गइल बा। मढ़ौरा भूमि सुधार उपसमाहर्ता (DCLR) रविशंकर शर्मा आ मशरक बीडीओ मो आसिफ सयुंक्त प्रेस कॉन्फ्रेंस क के मीडिया के बतावल लो कि मशरक नगर पंचायत में मतदान के तिथि 20 अक्टूबर के सबेरे 7 बजे से साँझ के 5 बजे ले आ मतगणना 22अक्टूबर के होई। नवगठित मशरक नगर पंचायत में कुल 16 गो वार्ड के गठन क के 29 गो मतदान केंद्र बनावल गइल बा, जेमे 19838 मतदाता अपना मताधिकार के प्रयोग करी लो। नवगठित मशरक नगर पंचायत के चुनाव आयोग द्वारा निर्धारित आरक्षण रोस्टर के मोताबिक होई। जेमे मुख्य पार्षद के पद पिछड़ा वर्ग (1) अन्य खातिर आरक्षित बा। ओहिजा उप मुख्य पार्षद के पद सामान्य महिला खातिर आरक्षित बा।

वार्ड पार्षद के पद खातिर आरक्षण रोस्टर एह तरे बा

  • वार्ड 1,2,9,13,15 आ 16 अनारक्षित अन्य खातिर
  • वार्ड 3 पिछड़ा वर्ग (1) महिला
  • वार्ड 4 अनुसूचित जाति अन्य
  • वार्ड 5, 6 पिछड़ा वर्ग (1) अन्य खातिर
  • वार्ड 7,8,10 आ 11 अनारक्षित महिला खातिर
  • वार्ड 12 अनुसूचित जाति महिला खातिर

नाव गठित नगर पंचायत मशरक खातिर चुनाव लड़े वाला अभ्यर्थियन के चालान जमा करे खातिर मशरक में दु गो काउंटर बनावल गइल बा। नामांकन फॉर्म निःशुल्क मिली। जबकि नामजदगी के पर्चा निर्वाची पदाधिकारी सह डी०एस०एल०आर कार्यालय में चार उपनिर्वाची पदाधिकारी के सोझा होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-