Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दहेज खातिर 5 दिन पहिले तुड़ देलस रिश्ता: 17 लाख में तय रहे बियाह, 50 लाख के ऑफर मिलल तs कs देलस बियाह से इनकार

730

गोरखपुर में एगो हैरान कs देवे वाला ममिला सामने आइल बा। लईका वाला बियाह से 5 दिन पहिले खाली एहिसे रिश्ता तुड़ दिहल, काहेकि ओह लोगन के केहू आउर बेसी दहेज देवे के तइयार हो गइल। बियाह 10 मई के होखे के रहे। लईकी के घर में बियाह के तइयारी चलत रहे। सभे रिश्तेदार जुट चुकल रहे लो। एह बीच अचानक लईका वालन के एह डेग से लईकी के परिवार के गोड़ के नीचे के जमीन खिसक गइल।

बावजूद, एकरा लईकी वाला अपना परिवार आ रिश्तदारन के संगे लईका के घरे पहुंचल लो। ओह लोगन के आगे मिन्नत कइल। बाकिर, ऊ लोग ना मानल। घटना गोरखनाथ इलाला के हs। एकरा बाद मजबूरन लईकी के पीड़ित पिता पुलिस से मदद के गुहार लगवलें। SSP के निरदेस पs पुलिस लईका, ओकर पिता, मां समेत 5 लोगन के खिलाफ गाली-गलौच, जानमाल के धमकी आ 3/4 दहेज प्रतिषेध अधिनियम के तहत केस दर्ज कइल गइल बा।। फिलहाल, गोरखनाथ पुलिस मुकदमा दर्ज कs के ममिला के जांच में जुट गइल बिया।

19 जनवरी के भइल रहे रिंग सेरेमनी

दरअसल, गोरखनाथ इलाका के विकासनगर, बरगदवा के रहे वाली एगो लईकी के बियाह चिलुआताल इलाका के राप्तीनगर फेज-4, रेल बिहार चौराहा निवासी अरूण कुमार उपाध्याय के बेटा प्रशांत उपाध्याय के संगे तय भइल रहे। दुनो के 19 जनवरी 2023 के शाहपुर इलाका के एक होटल में धूमधाम से रिंग सेरेमनी भइल। जेमे लईकी वाला तकरीबन 6 लाख रुपिया खर्च कइल लो। एकरा बाद 10 मई के बियाह के तारीख तय भइल रहे।

कैश आ सामान लेके बियाह से इनकार

लईकी के पिता के आरोप बा बियाह से पहिले लईका वाला लोग दहेज में तय 17 लाख रुपिया आ गाड़ी के रकम ले लिहल। बियाह खातिर ऊ लोग 6.50 लाख में एगो रिजार्ट के बुक करवले रहे लो। लईका वालन के मांग के अनुसार आउर सामान ओह लोगन के घर पहुंचवा देले रहे लो। एह बीच 4 मई के लईका वाला लोग बियाह ना करे के मैसेज भेजवा दिहल।

50 लाख में तय भइल दोसर बियाह

एकर जानकारी होखला पs लईकी वाला परेसान हो उठल लो। 5 मई के ऊ अपना नात-रिश्तेदारन के संगे लईका के घरे पहुंचल लो। बियाह ना कइला के कारण पूछला पs ऊ लोग बतावल कि दोसर पार्टी से ओह लोगन के दहेज में 50 लाख रुपिया दिहल जा रहल बा। एह पs ऊ लोग बियाह ना तुड़े के मिन्नत करे लागल। बाकिर लईका पक्ष के लोग उनका के गाली-गलौच देत जानमाल के धमकी देते दरवाजा से भगा दिहल।

लईका सहित मां-पिता आ रिश्तेदारन पs दर्ज भइल केस

एकरा बाद लई की के पीड़ित पिता के तहरीर पs गोरखनाथ पुलिस आरोपी जुवक प्रशांत उपाध्याय, उनका पिता अरूण कुमार उपाध्याय, मां नलिनी उपाध्याय, दु रिश्तेदार सव्या आ गया सांची के खिलाफ धारा 504, 506 आ 3/4 दहेज प्रतिषेध अधिनियम के धारा में मुकदमा दर्ज कs के ममिला के जांच सुरू कs देले बा। गोरखनाथ इंस्पेक्टर विज्ञानकर सिंह बतवलें, केस दर्ज कs के ममिला के जांच कइल जा रहल बा। जांच के आधार पs आगे के कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

544070cookie-checkदहेज खातिर 5 दिन पहिले तुड़ देलस रिश्ता: 17 लाख में तय रहे बियाह, 50 लाख के ऑफर मिलल तs कs देलस बियाह से इनकार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.