[the_ad_group id="30365"]

अमृतसर स्वर्ण मंदिर के पास भइल ट्रिपल ब्लास्ट के गुत्थी पंजाब पुलिस सुलझईलस, 5 आरोपी गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब के अमृतसर में स्थित स्वर्ण मंदिर के लगे विस्फोट के मामला के सुलझावत घरी पुलिस पांच लोग के गिरफ्तार क लेले बिया। जानकारी देत ​​पंजाब पुलिस के डीजीपी गौरव यादव कहले कि पुलिस अमृतसर में भईल विस्फोट से जुड़ल प्रेस कांफ्रेंस करी। सभ आरोपी के सिर्फ पंजाब से बतावल जाता। गिरफ्तार लोग में एगो महिला के भी शामिल कईल गईल बा।

पिछला 5 दिन में अमृतसर के स्वर्ण मंदिर के लगे तीन बेर कम तीव्रता वाला धमाका भईल, जवना के पुलिस सुलझ लेले बिया। नया स्थानीय आतंक नेटवर्क से जुड़ल ५ जने के गिरफ्तार क लिहल गइल बा, बम बनावे वाला नौसिखिया रहले आ ओह लोग के मकसद रहे कि स्वर्ण मंदिर के चारों ओर धमाका क के पंजाब में अशांति के माहौल बनावल जाव। ए मामला में पंजाब पुलिस प्रेस कांफ्रेंस क के मामला के खुलासा करी। रउरा के बता दी कि आजु आधा रात के एगो अउरी धमाका हो गइल।

आरोपी सराय अवुरी अलग – अलग जगह बदल के गुरु घर के नजदीक रहत रहले। अमृतसर के स्वर्ण मंदिर के लगे एक हफ्ता में भइल तीन गो कम तीव्रता वाला विस्फोट पे टिप्पणी करत शिरोमणि गुरद्वारा परबंधक समिति के अध्यक्ष एचएस धामी कहलन कि ई पंजाब सरकार के असफलता ह। हमनी के अब आपन टास्क फोर्स मजबूत करब जा। हम पुलिस से निहोरा करत बानी कि एह मामिला के पूरा तरह से जाँच करे।

साभार- न्यूज़ 18

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]