Gorakhpur News: मनु तिवारी के सहायक वैज्ञानिक पद s चयन, लोगन में हर्ष
गोरखपुर (अनुराग मिश्र)। गोरखपुर के सूरजकुंड के रहे वाला मनु तिवारी के चयन भाभा एटॉमिक रिसर्च में वैज्ञानिक सहायक पद पs भइल बा। मनु के चयन के से परिवार के सदस्यन के संगही आउर लोगन में खुसी के माहौल बा।
इनकर प्रारंभिक पढ़ाई सरस्वती शिशु मंदिर बक्की बाग से भइल बा। पॉलिटेक्निक डिप्लोमा कइला के बाद मनु इलेक्ट्रॉनिक इंजीनियरिंग कंप्लीट कइलें।
एकरा अलावे मनु राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के बाल स्वयंसेवक हवे आ अलग-अलग दायित्वन के निर्वहन सकुशल कs चुकल बाड़ें।
भाभा में सहायक वैज्ञानिक के रूप में चयन होखे से पहिले पावर ग्रिड कॉरपोरेशन के कनिष्ठ अभियंता पद पs आ ISRO में टेक्नीशियन ग्रेड B पs चयन हुआ। बाकिर दोबारा सहायक वैज्ञानिक पद पs चयन होखला के बाद मनु एलटी के चुनलें।
इनका एह सफलता पs सूरजकुंड धाम जीर्णोद्धार समिति के अध्यक्ष अमरदीप गुप्ता, सचिन शीतल मिश्र, महामंत्री मुके, अजीत जैन आ दिव्या प्रताप सिंह सहित शुभचिंतक लोग सुभकामना देले बा।
Comments are closed.