रांची से भागलपुर के बीच नया रूट से चली ट्रेन, जानीं टाइमिंग आ पूरा शेड्यूल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 21, 2024

धनबाद होत भागलपुर रांची खातिर एगो अउरी ट्रेन के इंतजाम होखे जा रहल बा। रांची से भागलपुर के बीच के ई नया भागलपुर-रांची भागलपुर एक्सप्रेस 20 जुलाई से शुरू होखे के संभावना बा। एकरा संबंध

Share

धनबाद होत भागलपुर रांची खातिर एगो अउरी ट्रेन के इंतजाम होखे जा रहल बा। रांची से भागलपुर के बीच के ई नया भागलपुर-रांची भागलपुर एक्सप्रेस 20 जुलाई से शुरू होखे के संभावना बा। एकरा संबंध में रेलवे के ओर से जरुरी तइयारी पूरा कइल जा रहल बा।

बिहार आ झारखंड के जोड़े वाली एगो आउर ट्रेन पहुंचे वाली बिया। रांची से भागलपुर का बीच चले वाली एह ट्रेन के नया रूट पर चलावे के तइयारी हो रहल बा। रेलवे बोर्ड के आदेश पर रांची से बरकाकाना, हजारीबाग टाउन, कोडरमा आ गोमो होत नया ट्रेन चलावे के राह खोजल जा रहल बा। बोर्ड पूर्व मध्य रेल मुख्यालय के माध्यम से बने वाली नया ट्रेन के प्रस्तावित समय सारिणी के बारे में रिपोर्टो मंगले बा।

मिलल जानकारी के मोताबिक भागलपुर-रांची के बीच चले वाली इ नाया ट्रेन पांच रेलवे डिवीजन यानी रांची, धनबाद, आसनसोल, दानापुर आ मालदा टाउन के स्टेशन से गुजरी। सभे डिवीजन मिल के ट्रेन के समय तय करे में लागल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.