[the_ad_group id="30365"]

मणिपुर में 2 आउर लईकियन से गैंगरेप: दुनो के हत्या कइल गइल; चश्मदीद कहलस- भीड़ के संगे आइल महिला ने रेप के लिए उकसाया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मणिपुर में 4 मई के भीड़ दु महिलन के निर्वस्त्र कs के सड़क पs घुमवले रहे। ओहि दिन दुगो आउर लईकियन के रेप कs के हत्या कs दिहल गइल रहे। ई घटना कांगपोकपी जिला के कोनुंग ममांग इलाका में भइल रहे, ई जगह दूसरका घटनास्थल से 40 किलोमीटर दूर बा।

पीड़ितन के संगे काम करे वाला एगो शख्स बतवलस कि एगो लईकी के उमिर 21 आ दूसरका के 24 साल रहे। दुनो गैराज में काम करत रहे लो। ओह दिन भीड़ में महिलो संगे आइल रहे लो। उहे महिला लोग भीड़ में मवजूद मर्दन से एकनी के रेप करे खातिर कहले रहे।

एकरा बाद ऊ लईकियन के कमरा में ले गइलें सs। लाइट बंद कs दिहल गइल। ओकनी के मुंह पs कपड़ा बान्ह दिहल गइल। डेढ़ घंटा बाद दुनो के घसीटत बाहर ले आवल गइल। ओह लोगन के देह पs कपड़ा ना रहे। ऊ खून से लथपथ रहे लो। बाल तक कटल रहे।

16 मई के जीरो FIR दर्ज कइल गइल रहे

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक दुनो लईकियन में से एक के मां से बात कइला पs ऊ बतवली कि 16 मई के ऊ सैकुल पुलिस स्टेशन में जीरो FIR दर्ज करवले रहली। डेराइल होखला के कारण पहिले रिपोर्ट दर्ज करावे के हिम्मत ना भइल। बाद में जब माहौल तनिका भइल तs रिपोर्ट दर्ज करावल गइल रहे।

पुलिस के अभी ले ना मिलल पीड़ित लईकियन के शव

FIR के मोताबिक, दुनो लईकियन के रेप भइल, टॉर्चर कइल गइल आ बाद में बेरहमी से हत्या कs दिहल गइल। एह घटना में 100-200 लोगन के मवजूद होखे के जिकिर बा। ई मामला फिलहाल पोरोम्पैट पुलिस स्टेशन के ट्रांसफर कs दिहल गइल बा। पुलिस को अभी ले पीड़ितन के शव नइखे मिलल।

मणिपुर पुलिस बतवलस कि एह ममिला में अभी तक कवनो गिरफ्तारी नइखे भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]