[the_ad_group id="30365"]

मंच पर भाषण देत घरी बिगड़ल कांग्रेस अध्यक्ष खरगे के तबीयत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-कश्मीर में चुनाव प्रचार के अंतिम दिन कठुआ में जनसभा के संबोधित करत कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खर्गे अचानक मंच प बेमार पड़ गइले। जसरोटा में जनसभा के संबोधित करत घरी अचानक मंच प उनकर स्वास्थ्य बिगड़ गइल।

मंच पर भाषण देत घरी कांग्रेस अध्यक्ष खरगे के चक्कर आ गइल आ उऽ बेहोश होखे लगलन। हालांकि मंच पs मौजूद उनकर सुरक्षाकर्मी आ कांग्रेस के बाकी नेता समय रहते उनका के संभाल लेले। एह दौरान कुछ देर खातिर भाषण बंद हो गइल।

हालांकि कुछ समय बाद कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे फेर कहले कि, “हमनी के राज्य के बहाल करे खातिर लड़ाई लड़ब। हमार उमर 83 साल बा, हम एतना जल्दी मरे वाला नइखी। जब तक पीएम मोदी सत्ता से बाहर ना हो जइहें, तब तक हम जिंदा रहब।

मल्लिकार्जुन खरगे कहले कि इ लोग (केंद्र सरकार) कबहूँ चुनाव ना कइल चाहत रहे। अगर चाहत रहले तऽ एक-दू साल में चुनाव करा सकत रहले। सुप्रीम कोर्ट के आदेश के बाद चुनाव खाती तैयार हो गइले। प्रधानमंत्री मोदी पछिला 10 साल में भारत के युवा के कुछूओ ना देले।

खरगे के पीएम मोदी पर हमला

भाजपा अउरी पीएम मोदी के निशाना बनावत खरगे कहले कि प्रधानमंत्री इहाँ आके युवा के भविष्य खातिर झूठा लोर बहावतारे। साँच त ई बा कि ई लोग पिछला दस साल में पूरा देश के नवहन के अन्हरिया में धकेल दिहले बा। एकरा खातिर खुद पीएम मोदी जिम्मेदार बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]