मलेशिया के दुगो नेवी हेलिकॉप्टर टकराइल: 10 क्रू मेंबर्स के मौत; परेड रिहर्सल में हादसा, एगो हेलिकॉप्टर स्वीमिंग पुल आ दूसरका  स्टेडियम में गिरल

लाल घेरा में मलेशिया के दुगो हेलिकॉप्टर एक दोसरा के बहुते नजदीक दिख रहल बालाल घेरे में मलेशिया के 2 हेलिकॉप्टर एक दूसरे के बेहद नजदीक दिख रहल बा

Share

मलेशियाई नेवी के दुगो हेलिकॉप्टर मंगर के हवा में टकरा गइल। हादसा में 10 के मौत हो गइल बा। मलेशियाई नेवी बतवलस  कि रॉयल मलेशियन नेवी परेड के रिहर्सल के दौरान ई हादसा भइल। मलेशियाई नेवी बतवलस कि मारल गइल सब लोग नेवी के क्रू मेंबर्स रहे।

BBC न्यूज के मोताबिक, हादसा मंगर के सबेरे 9.30 बजे पेराक में लुमुत नेवल बेस पs भइल। सब शवन के लुमुत एयरबेस के अस्पताल भेजल गइल बा,  जहां एकर पहचान कइल जाई।

HOM हेलिकॉप्टर आ फेनेक हेलिकॉप्टर टकराइल

हेलिकॉप्टर के टक्कर के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। मलेशियन फ्री प्रेस के रिपोर्ट के मोताबिक, नेवी के 90वीं सालगिरह पs परेड खातिर रिहर्सल चलत रहे। तबे  HOM (M503-3) हेलिकॉप्टर फेनेक हेलिकॉप्टर के रोटर से टकरा गइल।

एकरा बाद फेनेक हेलिकॉप्टर लगही में मवजुद के एगो स्विमिंग पूल में जा गिरल। ओहिजा, HOM हेलिकॉप्टर लुमुत बेस के स्टेडियम के लगे क्रैश हो गइल। ई टक्कर काहे भइल आ कइसे एकर जानकारी सामने ना आइल। मलेशियाई नेवी बतवलस कि ओकर एगो टीम पूरा ममिला के जांच कs रहल बिया।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-