Spain Train Accident : दक्षिणी स्पेन में बड़ दुर्घटना, दू गो हाई-स्पीड ट्रेन टकराइल, 20 के मौत- 73 घायल

Share

सेंट्रल डेस्क। दक्षिणी स्पेन में दू गो तेज रफ्तार ट्रेन आपस में टकरा गइली सs, जवना में कम से कम 20 लोगन के मौत हो गइल आ 73 से जादे लोग घायल बतावल जा  रहल बा। ई हादसा कॉर्डोबा प्रांत के आदमूज इलाका लगे भइल, जवना के बाद मैड्रिड आ अंडालूसिया के बीच रेल सेवा अस्थायी रूप से रोक दिहल गई। जानकारी के मोताबिक मलागा से मैड्रिड जात एगो ट्रेन पटरी से उतर गइल आ सामने से आवत दोसर ट्रेन से जोरदार टक्कर हो गइल। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, दुनो ट्रेन में मिला के करीब 500 यात्री लोग सवार रहे।

मृतकन के संख्या बढ़े के आशंका

स्पेनिश रेल ऑपरेटर एडीआईएफ बतवलस कि अतवार के दिन दक्षिणी स्पेन में एगो तेज रफ्तार ट्रेन पटरी से उतर गइल आ उल्टा दिशा से आवत ट्रेन से टकरा गइल। आपातकालीन सेवा बतवलस कि एह टक्कर में 20 लोगन के जान चल गइल आ 73 लोग गंभीर रूप से घायल हो गइले बा। हालांकि मृतकन के संख्या आउर बढ़े के आशंका जतावल जा रहल बा। गार्डिया सिविल के दुगो अधिकारी फोन आ टेक्स्ट मैसेज के माध्यम से एसोसिएटेड प्रेस के मौत के आंकड़ा के पुष्टि कइल लोग, हालांकि पुलिस नियम के चलते ऊ लोग आपन नाम बतावे से इनकार कइल।

पटरी से उतर के दोसरा ट्रेन से जा टकराई रेल

एडीआईएफ के मोताबिक मलागा आ मैड्रिड के बीच चले वाली सांझ के ट्रेन पटरी से उतर गइल आ मैड्रिड से दक्षिण स्पेन के शहर हुएलवा जात ट्रेन से टकरा गइल। अंडालूसिया प्रांत के आपात सेवा बतवलस कि 20 लोगन के मौत भइल बा आ 75 लोग गंभीर रूप से घायल बा। सिविल गार्ड के कहनाम बा कि अभियो कइयन गो लोग डिब्बा के अंदर फंसल बा। राहत आ बचाव के काम लगातार जारी बा आ आपातकालीन टीम घटना स्थल पs मवजूद बाड़ी। एह बीच मैड्रिड के अस्पतालन के अलर्ट पs रखल गइल बा। 73 घायल यात्रियन के छव अलग-अलग अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

हाई-स्पीड रेल सेवा स्थगित

हादसा के बाद मैड्रिड आ अंडालूसिया के बीच चले वाली हाई-स्पीड रेल सेवा रोक दिहल गइल बा। अधिकारी बतवलें कि सुरक्षा के लिहाज से रास्ता में चले वाली सब ट्रेनन के ओकरा सुरुआती स्टेशन पs वापस भेज दिहल गइल बा। रेड क्रॉस कॉर्डोबा से एम्बुलेंस भेजले बा आ जैन से तीन गो आउर एम्बुलेंस रवाना कइलस। संगही, दुनो ट्रेन के यात्रियन खातिर जरूरी सामान आ मदद के इंतजाम कइल जा रहल बा।

Read Also: 19 जनवरी 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-