लखनऊ के इटौंजा के असनहा गद्दीपुरवा में तेज रफ्तार ट्रक ट्रैक्टर-ट्रॉली के टक्कर मार दीहलस। हादसा में मुंडन करावे जा रहल लोग सहित ट्रैक्टर-ट्रॉली तालाब में पलट गइल। हादसा में सभे डूब गइल। जिलाधिकारी लखनऊ अब ले 10 मौत के पुष्टि कइले बानें। पुलिस गोताखोरन अउरी स्थानीय लोग के मदद से 35 लोग के सुरक्षित बाहर निकाल लिहले बा। कई शव बाहर निकालल गइल बा। रेस्क्यू कार्य जारी बा।
सीतापुर के अटरिया स्थित तिकौली गांव के चुन्नीलाल उर्फ चुन्नन के बेटा के मुंडन संस्कार रहल। नवरात्रि के पहले दिन इटौंजा के ऊनई देवी मंदिर में मुंडन होखें के रहल। एकरे खातिर पूरा परिवार रिश्तेदार अउरी परिचित लोग के संगे ट्रैक्टर-ट्रॉली पर सवार हो के मंदिर जात रहल। सुबह करीब 10 बजे ट्रैक्टर-ट्रॉली असनहा के गद्दीपुरवा गांव के लगे पहुँचल रहल। एही बीच बेहटा के तरफ से आ रहल तेज रफ्तार ट्रक ट्रैक्टर-ट्रॉली के टक्कर मार दीहलस। टक्कर एतना तेज रहल कि ट्रैक्टर-ट्रॉली सीधे सड़क किनारे बड़का पोखरा में जा गिरल।

एह चार के शव मिलल
मृतकन में टिकौली गांव के सुखरानी (45), सुषमा मौर्य (52) रुचि मौर्य (18) अउरी कोमल (38) हैं। पुलिस एह चारों के शव के सीएचसी भेज दिहले बा। उहें, एगो के ट्रॉमा रेफर कइल गइल बा
हादसा के शिकार लोग के नाम
सीतापुर के अटरिया स्थित तिकौली के चुन्नीलाल उर्फ चुन्नन के बेटा के मुंडन में एक्के ट्रॉली में सवार होकर 46 लोग के गइले के बात सामने आइल बा। एगमें अभिषेक मौर्या, अंशिका मौर्या, शिवा मौर्या, लक्ष्मी मौर्या, अश्विनी चौरसिया, मनीष अवस्थी, सुमन , मीरा चौरसिया, किरन, अनन्या , शिवांश, अंशिका, विमला, राबिया, साजिदा, सुषमा, उर्मिला, आरती मौर्या, अंजलि, अर्पित मौर्या, आशुतोष, नीतू,अनिकेत, सलोनी, रामरती, प्रिया, पुष्पा गुप्ता, कमला, कृषिका, तान्या, दिव्यांका, जूही, सुमन, पूजा शामिल बाड़ी। पुलिस चार शव बाहर निकलले बा। उहवें एक जनी के गंभीर हालत में अस्पताल भेजल गइल बा।
Post Views: 0