[the_ad_group id="30365"]

जयप्रभा सेतु से पति के सोझा पत्नी नदी में लगवलस छलांग ,शव के खोजबीन शुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मांझी (सारण) । धर्मेंद्र कुमार सिंह: बिहार सहित सीमावर्ती प्रदेश यूपी के जोडे वाला माँझी घाट स्थित जयप्रभा सेतु से अपना पति के मवजूदगी में पत्नी एक सौ फुट नीचे सरयू नदी में छलांग लगा देलस आ देखते देखत सरयू नदी के गहिराह पानी में महिला डूब गइल। घटना सोमार के दुपहरिया के बतावल जा रहल बा।

आंखिन के सोझ घटल घटना के बाद बदहवास पति भाग के मछुआरन के सहारे पत्नी के बचावे के भरपूर कोसिस कइलस बाकिर ओकरा के बचावल ना जा सकल। सरयू में डूबल महिला रिविलगज थाना क्षेत्र के आलेख टोला निवासी स्वर्णकार सतीश प्रसाद के पत्नी सुनीता देवी 25 बरिस बतावल जा रहल बाड़ी। सतीश प्रसाद बतवले कि मानसिक रूप से बेमार आपन पत्नी के बाइक पs बइठा के इलाज खातिर ओकरा के छपरा लेके जात रहस। एही बीच जयप्रभा सेतु के बीचोबीच ऊ उल्टी करे के इच्छा जतवलस आ सेतु के रेलिंग के सहारे खड़ा होके उल्टी करे के बजाय अचानके एक सौ फुट नीचे नदी में उलट गइल। अजीबोगरीब वाक्या देख लाचार पति हल्ला करे लागल। हल्ला सुनके मछुआर लोग डूब रहल महिला के नाव के सहारे बचावे के  भरपूर प्रयास कइल। हालांकि ओकरा के बचावल ना जा सकल। सूचना पाके माँझी आ बैरिया थाना पुलिस पहुंचल आ शव के हर हाल में खोज निकाले  के परिजनन के आश्वासन देलस । खोजबीन जारी बा। डूबी महिला के दु गो लईका आ एगो लईकी बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]