मैनपुरी उपचुनाव: डिंपल अउर रघुराज समेत कुल 13 प्रत्याशी लोग कइल नामांकन, जांच के बाद स्पष्ट होई तस्वीर

Share

10 से लेके 17 नवंबर ले कुल आठ दिन लोकसभा उपचुनाव खातिर नामांकन प्रक्रिया चली। बुध ले सपा प्रत्याशी डिंपल यादव, भाजपा प्रत्याशी रघुराज सिंह शाक्य अउर भारतीय कृषक दल प्रत्याशी प्रमोद यादव ही नामांकन पत्र दाखिल कइले रहनें। उहवें बियफे के नामांकन के अंतिम दिन बड़ संख्या में दलीय अउर निर्दलीय प्रत्याशी नामांकन खातिर पहुंचलें। सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी के ओर से अधिकृत प्रत्याशी रमाकांत कश्यप दू सेट में नामांकन पत्र दाखिल कइलें।

आठ अन्य प्रत्याशी लोग भी उपचुनाव खातिर आपन नामांकन दाखिल कइलें। एहमें उर्मिला देवी, भूपेंद्र धनगर, विद्यावती गौतम, सुनील मिश्रा, सुषमा देवी, मणिरतन, महेशचंद्र अउर वीरेंद्र वर्मा शामिल रहनें। अंतिम दिन में कुल 13 प्रत्याशी लोग नामांकन दाखिल कइले बानें।

ई लोग दाखिल कइल नामांकन पत्र 

  • डिंपल यादव, सपा।
  • रघुराज सिंह शाक्य, भाजपा।
  • प्रमोद यादव, भारतीय कृषक दल।
  • रमाकांत कश्यप, सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी।
  • उर्मिला भारती, वोटर्स पार्टी इंटरनेशनल।
  • सुनील मिश्रा, सर्व समाज जनता पार्टी।
  • भूपेंद्र धनगर, राष्ट्रीय शोषित समाज पार्टी।
  • विद्यावती गौतम, निर्दलीय।
  • सुषमा देवी, निर्दलीय।
  • कर्पिलन, निर्दलीय।
  • महेश चंद्र, निर्दलीय।
  • वीरेंद्र वर्मा, निर्दलीय।
  • सुरेश चंद्र, निर्दलीय।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-