Gujarat Elections: AAP के स्टार प्रचारकन में पूर्व क्रिकेटर हरभजन सिंह, कबो इरफान पठान नरेंद्र मोदी खातिर मंगले रहले वोट

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 18, 2022

गुजरात विधानसभा चुनाव में क्रिकेट के तड़का लागल बा। टीम इंडिया (Team India) के स्टार ऑलराउंडर रविंद्र जडेजा (Ravindra Jadeja) के पत्नी रिवाबा जडेजा (Rivaba Jadeja) भारतीय जनता पार्टी (BJP) के टिकट प चुनाव लड़

Share

गुजरात विधानसभा चुनाव में क्रिकेट के तड़का लागल बा। टीम इंडिया (Team India) के स्टार ऑलराउंडर रविंद्र जडेजा (Ravindra Jadeja) के पत्नी रिवाबा जडेजा (Rivaba Jadeja) भारतीय जनता पार्टी (BJP) के टिकट प चुनाव लड़ रहल बाड़ी।

रविंद्र जडेजा उनका चुनाव प्रचार में जुटल बाड़े। ओहिजा अरविंद केजरीवाल (Arvind Kejriwal) के आम आदमी पार्टी (AAP) पूर्व क्रिकेटर हरभजन सिंह (Harbhajan Singh) के अपना स्टार प्रचारक बनवले बिया।

हालांकि, अइसन पहिला बेर नइखें कि जब कवनो क्रिकेटर गुजरात में कवनो पार्टी के प्रचार खातिर उतरल होखे। साल 2012 में टीम इंडिया के पूर्व क्रिकेटर इरफान पठान (Irfan Pathan) प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (PM Modi) खातिर वोट मंगले रहस। प्रधानमंत्री मोदी तब गुजरात के मुख्यमंत्री रहले। दुनो लोग खेड़ा में एगो चुनावी रैली के दौरान मंच साझा कइलें रहस।

इरफान पठान के प्रचार में उतरला प हंगामा बरपले रहे लो

इरफान पठान के प्रचार में उतरला प खूब हंगामा बरपल रहे। खबर आइल रहे कि पठान के कांग्रेस आ भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) के नाराजगी के सामना करे के पड़ल रहे। तब पठान चोटिल होखला के कारण रणजी ट्रॉफी के मैच ना खेलले रहस। पंजाब में कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष नवजोत सिद्धूओ गुजरात के तत्कालीन मुख्यमंत्री खातिर चुनाव प्रचार में जुटल रहलें। तब ऊ बीजेपी में रहस।

राज्यसभा सांसद बाड़ें हरभजन सिंह

टर्बनेटर के नाम से मशहूर हरभजन सिंह (Harbhajan Singh) दिसंबर 2021 में क्रिकेट से संन्यास ले लेले रहस। एकरा बाद ऊ राजनीति में कदम रखलें। 42 साल के पूर्व क्रिकेटर के आम आदमी पार्टी (AAP) पंजाब से राज्यसभा भेजले बिया। ऊ पिछला संसद सत्र में बतौर सांसद शपथ लेले रहस। एकरा अलावे इरफान पठान (Irfan Pathan) के संगे हरभजन कमेम्ट्रियो करेलें। टी20 वर्ल्ड कप 2022 के दौरान दुनो साथ में हिंदी कॉमेंट्री करत रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.