[the_ad_group id="30365"]

सांगली हत्या केस : 9 लोग के मौत के आत्महत्या मानल गईल, पुलिस के खुलासा के चलते 360 डिग्री बदल गईल केस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के सांगली जिला में दू गो भाई के परिवार के नौ गो सदस्यन के मौत के जाँच में पता चलल बा कि ओह लोग के कथित तौर पर एगो तांत्रिक आ ओकर ड्राइवर जहर दे के हत्या कर दिहले रहुवे. पुलिस के कहना बा कि दुनु आरोपी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

पहिले आत्महत्या के मामला मानल जात रहे

पहिले एकरा के आत्महत्या के मामला मानल जात रहे। म्हैसल गांव में एक किलोमीटर दूर स्थित दुनो भाई के घर में 20 जून के परिवार के लोग के लाश मिलल रहे। ओहमें से एगो शिक्षक आ दोसरका पशु चिकित्सक. शुरुआती जांच में कर्ज में पड़ला के चलते आत्महत्या मानल गईल।

पुलिस महानिरीक्षक (कोल्हापुर रेंज) मनोज कुमार लोहिया कहले कि, हमनी के हत्या के मामला में एगो तांत्रिक अवुरी ओकरा चालक के गिरफ्तार क लेले बानी। जांच में पाता चलल कि इ जोड़ी कथित तौर प परिवार के 9 लोग के जहर देके जान ले लेलस।” एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि भारतीय दंड संहिता के धारा 302 के तहत मामला दर्ज कईल जाई।

पुलिस पहिले का कहलस?

एकरा से पहिले सोमवार के पुलिस सूचना देले रहे कि म्हैसल गांव में दु भाई के परिवार के कम से कम 9 लोग कथित तौर प जहर के सेवन क आत्महत्या क लेले रहले।

अधिकारियन के मुताबिक मरेवाला के पहचान अक्कताई येलाप्पा के रूप में

वनामोर, उनुकर बेटा वेटरनरी मानिक वाई के रूप में भईल बा। वानमोर, उनकर मेहरारू रेखा, उनकर बेटी प्रतिमा आ बेटा आदित्य के साथे-साथे स्कूल के शिक्षक पोपत वाई वानमोर के बेटा के परिवार के लोग, उनकर मेहरारू रेखा, बेटा शुभम आ उनकर बेटी संगीता।

परिवार के 9 लोग के मौत के खबर आग निहन पसर गईल अवुरी गांव के अंबिका नगर इलाका में सैकड़ों लोग अपना घर के ओर भाग गईले। संगली के पुलिस अधीक्षक दीक्षित कुमार गेदाम, म्हैसल पुलिस इंस्पेक्टर चंद्रकांत बेंद्रे समेत पुलिस के शीर्ष अधिकारी मामला के जांच खाती मौका प पहुंचले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]