[the_ad_group id="30365"]

Maharashtra Landslide: रायगढ़ में भूस्खलन से पांच के मउत, 100 के करीब लोग दबल, मउका पs पहुंचले CM शिंदे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

महाराष्ट्र के रायगड में एगो बड़हन हादसा हो गइल बा। दरअसल रायगड में भइल भूस्खलन में 30 से अधिका परिवार फंसला के आशंका बा। रउरा सभे के बता कि ई हादसा रायगढ़ के खालापुर तहसील के इरशालवाड़ी गाँव में भइल बा जवना में करीब सौ लोग फंसल बा। जवना जगहा हादसा भइल बा ऊ मोरबी बांध से छह किलोमीटर दूर बा। ए दुर्घटना में बहुत लोग के मउत के आशंका बा। अबहीं ले पाँच गो लाश बरामद हो चुकल बा आ तीन जने घवाहिल हो गइल बाड़े। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे भी मउका पs पहुंच गईल बाड़े।

राहत आ बचाव के काम चल रहल बा

रायगढ़ जिला मजिस्ट्रेट योगेश महासे आधा रात के घटना के बारे में बतवले। एगो टीम, जवना में सब डिवीजनल ऑफिसर अवुरी तहसीलदार शामिल बाड़े, मौका पs पहुंचल बिया। जिला मजिस्ट्रेट कहले कि भूस्खलन भईल जगह पs पहुंचे खातीर दु घंटा ले पैदल यात्रा करे के पड़ेला, जवना के चलते राहत अवुरी बचाव के काम चुनौतीपूर्ण बा। घटना के जानकारी मिलते मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे भी अधिकारी के फोन क घटना के बारे में पूछताछ कईले अवुरी गुरुवार के सबेरे मौका पs पहुंचले। पनवेल आ नवी मुंबई के सगरी अस्पतालन के जानकारी आ निर्देश दिहल गइल बा कि प्रभावित लोग के सगरी जरूरी चिकित्सा सेवा दिहल जाव।

गृहमंत्री अमित शाह घटना के बारे में पूछताछ कईले

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे से फोन पs ए घटना के जानकारी लेले बाड़े। अमित शाह एगो ट्वीट में लिखले कि, ‘महाराष्ट्र के रायगड में भईल भारी बरखा से भईल भूस्खलन के लेके मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे से बात कईनी।’ मौका पs पहुंचल एनडीआरएफ के चार टीम स्थानीय प्रशासन के संगे बचाव कार्य में जुटल बिया। हमनी के प्राथमिकता बा कि उहाँ से लोग के निकाल के घायल के तुरंत इलाज कईल जाए।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]