महाराष्ट्र में महायुति के बीच सीएम पद के लेके चर्चा चल रहल बा। सीएम के दौड़ में भाजपा एगो बड़ कदम उठवले बिया। पार्टी दुगो दिग्गज नेता के महाराष्ट्र के पर्यवेक्षक बना देले बिया।
महाराष्ट्र में भईल विधानसभा चुनाव के नतीजा खुलला के एक सप्ताह से जादे समय बीत गईल। हालांकि भाजपा, शिवसेना अवुरी एनसीपी के भव्य गठबंधन में अबे ले इs तय नईखे भईल कि राज्य में कवना नेता के मुख्यमंत्री के पद दिहल जाई। हालांकि एह बीच भारतीय जनता पार्टी एगो बड़ कदम उठवले बिया। पार्टी निर्मला सीतारमण आ विजय रूपाणी के महाराष्ट्र खातिर केंद्रीय पर्यवेक्षक नियुक्त कइले बिया.
इहो पढ़ीं: मेक्सिको में बंदूकधारी कुल बरसवले अंधाधुंध गोली, 8 लोगन के मउत