Mahakumbh 2025: प्रयागराज में आज योगी कैबिनेट के अहम बैठक, 54 मंत्रियन के संगे गंगा में डुबकी लगइहें सीएम

Mahakumbh

Share

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु आपन पूरा मंत्रिमंडल के साथे प्रयागराज चहुँपत बाड़न. आजु प्रयागराज में यूपी कैबिनेट के बइठक होखी जवन दुपहरिया बारह बजे से शुरू होखी. एह बइठक में 12 से अधिका प्रस्ताव के मंजूरी दिहल जा सकेला. एह बइठक के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ उनुकर सगरी 54 मंत्री संगम में डुबकी लगा के माई गंगा से प्रार्थना करीहें. अबकी बेर भक्तन के सुविधा के ध्यान में राखत अरैल में बइठक करावे के फैसला भइल बा. बैठक के बाद सभ मंत्री अरैल वीआईपी घाट से मोटर बोट से संगम जईहे, जहां सीएम योगी समेत सभ मंत्री पूजा करीहे।

कई गो महत्वपूर्ण प्रस्ताव पs मंत्रिमंडल के बइठक में चर्चा भइल
आज के मंत्रिमंडल के बैठक में बहुत महत्वपूर्ण प्रस्ताव पs चर्चा अवुरी मंजूरी दिहल जा सकता। एहमें सबसे खास बा यूपी के 40 लाख विद्यार्थियन के टैबलेट आ स्मार्टफोन उपलब्ध करावे के प्रस्ताव. प्रयागराज, वाराणसी अवुरी आगरा नगर निगम के बॉंड जारी करे के भी फैसला लिहल जा सकता, जवन कि बुनियादी ढांचा अवुरी शिक्षा के सुधार में एगो महत्वपूर्ण कदम होई। एकरा अलावे हाथरस, बागपत अवुरी कासगंज के मेडिकल कॉलेज पीपीपी मोड पs, आगरा में नाया आवासीय परियोजना, बलरामपुर के सरकारी मेडिकल कॉलेज अवुरी यूपी एयरोस्पेस अवुरी रक्षा इकाई के प्रोत्साहन नीति पs भी फैसला लिहल जा सकता। 7 जिला के मिला के धार्मिक सर्किट बनावे के प्रस्ताव के भी मंजूरी दिहल जा सकता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-