राहुल गांधी के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत, मानहानि के मुकदमा पs लगल रोक; अमित शाह से जुड़ल बा मामला

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 20, 2025

राहुल गांधी के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत मिलल बा। दरअसल, केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के खिलाफ कथित अपमानजनक टिप्पणी के चलते कांग्रेस नेता राहुल गांधी के खिलाफ दायर आपराधिक मानहानि के मामला में सुप्रीम

Share

राहुल गांधी के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत

राहुल गांधी के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत मिलल बा। दरअसल, केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के खिलाफ कथित अपमानजनक टिप्पणी के चलते कांग्रेस नेता राहुल गांधी के खिलाफ दायर आपराधिक मानहानि के मामला में सुप्रीम कोर्ट निचला अदालत के कार्यवाही पs रोक लगा देले बिया। भारतीय जनता पार्टी के कार्यकर्ता नवीन झा 2019 में राहुल गांधी के खिलाफ अमित शाह के खिलाफ कथित टिप्पणी के मामला में मुकदमा दर्ज करवले रहले। 

झारखंड में केस चलत रहे
बता दीं कि झारखंड में चलत मानहानि के मामला के रद्द करे के मांग करे वाली याचिका पs आज सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई भईल। एह मामिला में सुप्रीम कोर्ट नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी के राहत दे दिहले बा. सुप्रीम कोर्ट रांची के निचला अदालत में चलत मानहानि के मामला पs रोक लगा देलस। राहुल गांधी के याचिका पs सुप्रीम कोर्ट झारखंड सरकार शिकायतकर्ता नवीन झा के नोटिस जारी कs देले बिया। 

पूरा बात का बा
दरअसल, 2019 के लोकसभा चुनाव से पहिले चाईबासा में दिहल एगो भाषण के दौरान राहुल गांधी अमित शाह खातीर ‘हत्यारा’ शब्द के इस्तेमाल कईले रहले। न्यायमूर्ति विक्रम नाथ अवुरी न्यायमूर्ति संदीप मेहता के पीठ राहुल गांधी के अपील पs झारखंड सरकार अवुरी भाजपा नेता के नोटिस जारी कs के जवाब मंगले बिया. राहुल गांधी झारखंड हाईकोर्ट के आदेश के चुनौती देले बाड़े। हाईकोर्ट राहुल गांधी के याचिका के खारिज कs देले रहे जवना में उनुका खिलाफ निचला अदालत में उनुका खिलाफ चलत मुकदमा रद्द करे के निहोरा कईल गईल रहे।

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.