उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु आपन पूरा मंत्रिमंडल के साथे प्रयागराज में मौजूद बाड़न. यूपी के मंत्रिमंडल के बइठक प्रयागराज के अरैल में हो रहल बा जवना में 12 से अधिका बड़का प्रस्ताव के मंजूरी दिहल जा सकेला. एह बइठक के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ उनुकर सगरी 54 मंत्री संगम में डुबकी लगा के माई गंगा से प्रार्थना करीहें. अबकी बेर भक्तन के सुविधा के ध्यान में राखत अरैल में बइठक करावे के फैसला भइल बा. बैठक के बाद सभ मंत्री अरैल वीआईपी घाट से मोटर बोट से संगम जईहे, जहां सीएम योगी समेत सभ मंत्री पूजा करीहे।
मंत्रिमंडल के बइठक में बहुते बड़हन फैसला लिहल जा सकेला
बता दीं कि आजु के मंत्रिमंडल के बइठक में बहुते महत्वपूर्ण प्रस्ताव के मंजूरी मिल सकेला. एहमें से यूपी के 40 लाख विद्यार्थियन के टैबलेट आ स्मार्टफोन उपलब्ध करावे के प्रस्ताव सबसे महत्वपूर्ण मानल जाला. एकरा अलावे प्रयागराज, वाराणसी अवुरी आगरा नगर निगम के बॉंन्ड जारी करे के फैसला भी लिहल जा सकता। बुनियादी ढांचा अवुरी शिक्षा के सुधार खातीर इs एगो महत्वपूर्ण कदम होई। एकरा अलावे हाथरस, बागपत अवुरी कासगंज के मेडिकल कॉलेज पीपीपी मोड पs, आगरा में नाया आवासीय परियोजना, बलरामपुर के सरकारी मेडिकल कॉलेज अवुरी यूपी एयरोस्पेस अवुरी रक्षा इकाई के प्रोत्साहन नीति पs भी फैसला लिहल जा सकता।7 जिला के मिला के धार्मिक सर्किट बनावे के प्रस्ताव के भी मंजूरी दिहल जा सकता।
#WATCH प्रयागराज (यूपी): महाकुंभ मेले में यूपी कैबिनेट की विशेष बैठक चल रही है। pic.twitter.com/xGrfhXFERX
— ANI_HindiNews (@AHindinews) January 22, 2025
अखिलेश यादव मंत्रिमंडल के बैठक के निशाना बनवले
सपा प्रमुख अखिलेश यादव प्रयागराज में हो रहल उत्तर प्रदेश के मंत्रिमंडल के बइठक के निशाना बनवले बाड़न. पत्रकारन से बतियावत अखिलेश कहले कि कुंभ आ प्रयागराज अइसन जगह ना हs जहाँ राजनीतिक कार्यक्रम आ फैसला लिहल जाला. मंत्रिमंडल राजनीतिक बा आ कुंभ का जगहा मंत्रिमंडल के बइठक करावल राजनीतिक बा. हमनी में से बहुत लोग बा जे गंगा में नहा के अईले रहते आ तस्वीर तक ना डालले रहते।
#WATCH लखनऊ: प्रयागराज में हो रही उत्तर प्रदेश कैबिनट बैठक पर सपा प्रमुख अखिलेश यादव ने कहा, "कुंभ और प्रयागराज वो स्थान नहीं है जहां पर राजनीतिक कार्यक्रम और फैसले लिए जाएं। कैबिनेट राजनीतिक है और कुंभ के स्थान पर कैबिनेट बैठक करना राजनीतिक है… हम में से बहुत से लोग हैं जो… pic.twitter.com/iBxTH82ehi
— ANI_HindiNews (@AHindinews) January 22, 2025