दिल्ली विधानसभा चुनाव: केजरीवाल के करारा झटका, ‘आप’ के दु गो पूर्व विधायक कांग्रेस में शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 24, 2024

विधानसभा चुनाव से पहिले आम आदमी पार्टी के बड़ झटका लागल बा। आप के दू गो पूर्व विधायक कांग्रेस में शामिल हो गइल बाड़े. आम आदमी पार्टी के विधायक रहल आसिम अहमद खान आ देवेंद्र सेहरावत

Share

दिल्ली विधानसभा चुनाव

विधानसभा चुनाव से पहिले आम आदमी पार्टी के बड़ झटका लागल बा। आप के दू गो पूर्व विधायक कांग्रेस में शामिल हो गइल बाड़े. आम आदमी पार्टी के विधायक रहल आसिम अहमद खान आ देवेंद्र सेहरावत सोमार के दिने कांग्रेस में शामिल हो गइलन. कांग्रेस के दिल्ली इकाई सोमार के दिने आवे वाला विधानसभा चुनाव खातिर घोषणापत्र तइयार करे के बारे में बइठक कइलस. कांग्रेस के दिल्ली इकाई प्रमुख देवेंद्र यादव एगो प्रेस कांफ्रेंस में कहले कि घोषणापत्र में का शामिल होखे के चाही, एकरा पs पार्टी लोग से बातचीत कईले बिया।

अइसन वादा करीं जवना के रउरा पूरा कर सकीलें – कांग्रेस

यादव कहले कि कांग्रेस कहत आईल बिया कि भाजपा अवुरी आम आदमी पार्टी मिल के दिल्ली के जनता के झूठा वादा कs के गुमराह करतिया। यादव कहले कि, हमनी के मानल ​​बा कि खाली उहे वादा होखे के चाही, जवना के पूरा कईल जा सकता, कांग्रेस खाली बात में विश्वास ना करेले। 

यादव आरोप लगवले कि, विधानसभा चुनाव के देखत दुनो पार्टी खाली वादा अवुरी बयान देता, हालांकि अबकी बेर दिल्ली के लोग ओ लोग के जाल में ना पड़ी, काहेंकी पछिला 10 साल में भाजपा अवुरी आप के इतिहास भ्रष्टाचार, धोखाधड़ी अउरी अधूरा वादा पहिले होखत रहे।”

संगही, उs कहले कि संसद में केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के बाबासाहेब अंबेडकर पs दिहल टिप्पणी के विरोध में कांग्रेस कार्यकर्ता राष्ट्रीय राजधानी के सभ जिला अवुरी ‘ब्लॉक’ में पदयात्रा के आयोजन करीहे। उs लोग शाह के इस्तीफा अवुरी तुरंत माफी मांगे के मांग कईले। 

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.