भारत के आपन सस्ता टैबलेट भइल Milkyway लॉन्च, मिली 4GB रैम, 64GB स्टोरेज के साथे BharatGPT AI सपोर्ट भी!

Share

 

एपिक फाउंडेशन एंड्रॉयड टैबलेट Milkyway लॉन्च कईले बा जवन कि पहिला डिजाइन इन इंडिया टैबलेट हs। एकर खास खासियत इs बा कि इs BharatGPT AI फीचर के भी सपोर्ट करेला। शिक्षा क्षेत्र के ध्यान में राखत इs टैबलेट पेश कईल गईल बा। टैबलेट में 8 इंच के डिस्प्ले बा। एकरा में मीडियाटेक चिपसेट दिहल गईल बा। डिवाइस में 4 जीबी रैम अवरू 64 जीबी स्टोरेज बा। एकरा बारे में अउरी विवरण जानीं।

एचसीएल के सह-संस्थापक डॉ. अजय चौधरी, आ अर्जुन मल्होत्रा ​​के नेतृत्व में EPIC Foundation एक नॉट-फॉर-प्रोफिट ऑर्गेनाइजेशन हs । ई भारत में आपन पहिला टैबलेट मिल्कीवे लॉन्च कइले बा। CNBCTV18 के मुताबिक, ए टैबलेट के VVDN Technologies, MediaTek India, अवुरी CoRover.ai के ओर से विकसित कईल गईल बा। ई एगो संयुक्त प्रयास हs। कंपनी के कहनाम बा कि, उनुकर मकसद एगो अयीसन टैबलेट लॉन्च कईल रहे, जवना के रिपेयर के संगे अपग्रेड भी कईल जा सकता। एकरा अलावे एs टैबलेट के खास तौर पs आत्मनिर्भर भारत अभियान के देखत बनावल गईल बा। जवना में अइसन घटक लगावल जाला जवना के आसानी से बदलल जा सकेला आ अपग्रेड भी कइल जा सकेला। एकरा में भारतजीपीटी वर्चुअल असिस्टेंट के सपोर्ट भी दिहल गईल बा। जेहसे कि डिजिटल लर्निंग के बढ़ावा दिहल जाई, आ अलग अलग भाषा खातिर समर्थन भी मिल जाई।

Milkyway Tablet specifications

Milkyway में 8 इंच के आईपीएस डिस्प्ले बा। एकरा के बदलल जा सकेला। एकर रिजॉल्यूशन 800×1280 पिक्सल बा। एकरा आगे 3 मेगापिक्सेल के कैमरा बा। जबकि पीछे 8 मेगापिक्सेल के कैमरा दिहल गईल बा। टैबलेट के अवरू स्पेसिफिकेशन के बात कईल जाए तs एकरा में मीडियाटेक 8766ए प्रोसेसर बा। जवना के संगे 4GB रैम अवरू 64GB स्टोरेज दिहल गईल बा। स्टोरेज के एक्सपेंड कईल जा सकता। इs टैबलेट एंड्रॉयड 13 ओएस पs चलेला।

Milkyway टैबलेट में 5100 mAh बैटरी बा। एकरा के भी बदलल जा सकेला। एकरा में 4जी एलटीई के सपोर्ट के संगे कनेक्टिविटी खातीर ब्लूटूथ 5.0 दिहल गईल बा।

Milkyway Tablet Price

आईआरआईएस एs टैबलेट के शैक्षणिक संस्थान में वितरित करी, एकर अध्यक्ष संजीव कृष्णन के मुताबिक अगिला दुs महीना के भीतर इs टैबलेट बाजार में उपलब्ध हो जाई। अबे ले एकर दाम के आधिकारिक घोषणा नईखे भईल। लेकिन कहल जाता कि एs टैबलेट के दाम करीब 8400 रुपिया होई।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-