Google Vs X: एलन मस्क जल्दीए लॉन्च करिहें Xmail, जीमेल से होई सीधा टक्कर

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2024

एलन मस्क बहुत दिन से गूगल, फेसबुक अवुरी बाकी टेक कंपनी के मजाक उड़ावत रहले। एलन मस्क गूगल जेमिनी पs बनल मीम भी शेयर करेले। अब एलन मस्क गूगल के संगे सीधा मुकाबला के तइयारी

Share

एलन मस्क बहुत दिन से गूगल, फेसबुक अवुरी बाकी टेक कंपनी के मजाक उड़ावत रहले। एलन मस्क गूगल जेमिनी पs बनल मीम भी शेयर करेले। अब एलन मस्क गूगल के संगे सीधा मुकाबला के तइयारी में बाड़े। एलन मस्क जल्दिए एक्समेल लॉन्च करे वाला बाड़े जवन एक्स के ई-मेल सेवा होई।

एलन मस्क खुद ईs जानकारी अपना एगो पोस्ट में दिहले बाड़न। एक्स के एगो इंजीनियर एगो सवाल पूछले रहले कि हमनी के कब एक्समेल बनावत बानी जा। एकरा जवाब में एलान मस्क कहले- ई आ रहल बा।

अगर एलन मस्क इहाँ मजाक नइखन करत तs एकर मतलब बा कि जल्दिए एगो तिसरका कंपनी ई-मेल बाजार में आवे वाली बिया। माइक्रोसॉफ्ट आउटलुक के ईमेल आ गूगल जीमेल पहिलहीं से बा। याहू मेल लगभग खतम चुकल बा।

वइसे भी एलन मस्क हमेशा से अपना फैसला से लोग के हैरान करत रहल बाड़े। अगर अगिला एक-दु महीना में उs लोग एक्समेल लॉन्च कs दिहे तs कवनो आश्चर्य के बात ना होई। रउरा जानकारी खातिर बता दीं कि एलन मस्क भी एगो सुपर ऐप पs काम कर रहल बाड़े। एह ऐप के कबो भी लॉन्च कईल जा सकता।

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.